ब्रिलिएन्ट युवा क्लब इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक सिंह के बिदाई तथा सम्मान कईलख
वीरगंज १७ कुवार
इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र कुमार सिंह के आजु एगो कार्जक्रम के बीच विदाई तथा सम्मान कईल बा ।
ब्रिलिएन्ट युवा क्लब कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. २ भेडिहारी प्रहरी प्राधान कार्यालय सरुवा भईल प्रहरी निरिक्षक सिंह के बिदाई तथा सम्मान कईले बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पोखरीया नगरपालिका के मेयर दीपनारायण रौनियार आ ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के अध्यक्ष छठु साह संयुक्त रुप मे प्रहरी निरिक्षक सिंह के प्रशंसा पत्र से सम्मान करत दोसल्ला तथा खादा ओढा के बिदाई कईले रहे ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत मेयर रौनियार प्रहरी निरिक्षक सिंह के कार्यकाल समग्र मे बढिया आ प्रशंंसा योग्य रहल बतवनी ।
उ पोखरिया के खातिर सिंह जईसन हि प्रहरी निरिक्षक जरुरी रहल बतावत सरुवा भईला पर दुःख लागल बतवनी ।
ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के अध्यक्ष छठु साह प्रहरी निरिक्षक सिंह कोरोना महामारी के समय मे भी बढिया काम कईला से सराहना करत सम्मान कईल बतवनी ।
गैर सरकारी संस्था महासंघ नेपाल पर्सा के अध्यक्ष भी रहल साह प्रहरी निरिक्षक सिंह शान्ति सुरक्षा के साथ साथे सामाजिक क्षेत्र मे भी बढिया काम कईल बतवनी ।
प्रहरी निरिक्षक सिंह खुद जनप्रतिनिधि, स्थानिय गैर सरकारी संस्था, पत्रकार लगायत के सहजोग मे काम कईल आ सभी के सहजोग मिलला मे सभी के धन्यबाद भी देहनी ।
सिंह आधा दर्जन जेतना जघन्य अपराध के सहि अनुसन्धान कईला के साथे, लागु औषध आ घरेलु दारु नियन्त्रण करेमे सफल भईल बतवनी ।
एकरा साथे खुद १४ महिने कार्यकाल मे एक करोड से बेसी अवैध समान बरामद करके भन्सार बुझावल बतवनी ।
इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे भईल कार्जक्रम के संचालन ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के सदस्य भी रहल पत्रकार शम्भु कुमार सुमन कईले रहनी ।
इलाका प्रहरी कार्यालय मे पोखरिया के नयाँ प्रहरी निरिक्षक मे अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मे कार्यरत दिपक थापा आवेवाला बानी ।