सिर्सिया नदी किनार मे बच्चा के लास मिलल
वीरगंज १६ फागुन,
वीरगंज मे एक बरीस के बच्चा के लास मिलल बा । भारत बिहार रतनपुरी घर भइल वीरगंज चण्डाल चोक ग्यारेज मे काम करत आईल रमोद साह के एक बरीस के बेटा प्रशान्त साह मृत मिलल बाडन ।
वीरगंज–१६ पशुपतिनगर बगल मे दशगजास्थित सिर्सिया नदी किनार से सबेरे बच्चा के लास मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । लास देखला के बाद स्थानीय नदी के किनार मे राख के पुलीस के खबर कईले रहलन । घटनास्थल मे कानुनी प्रक्रिया पूरा करके लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल मे राखल गईल बा ।
एके परिवार के तीन गो बच्चा एके साथ भुलाईल उजुरी पुलीस मे आईल रहे । प्रशान्त सँगे भुलाईल ५ बरीस के अमरद्विप साह आ ३ बरीस के आँसु कुमारी अभी भी मिलल नइखन ।
पुलीस बारा गढीमाई लगे मलानी माइतीघर भईल रमोद के मेहरारु उर्मिलादेवी के नियन्त्रण मे लेके पुछपाछ कर रहल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता डीएसपी वीरेन्द्र शाही घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल जानकारी देहनी । “तीन जने लइकालइकी भुलाईल उजुरी आईल रहे, जउना मेसे एक जने मृत अवस्था मे मिलल बाडन । बाँकी दु जने के खोजी कर रहल बानी,” कहत उ, “नदी किनार मे लईकालइकी कईसे पुगलें ? कहके बुझे खातिर माई के नियन्त्रण मे लेके पुछपाछ हो रहल बा” कहके बतवनी ।






