क्याडिला फर्मास्युटिकल्स के भर्टिकल हेड जैन नेपाली कर्मचारीलोग सँगे अभद्र व्यवहार कइनी

वीरगंज १३ माघ,

भारत के अहमदाबाद गुजरात स्थित क्याडिला फर्मास्युटिकल्स प्रा.लि.के भर्टिकल हेड नेपाल स्थित उ प्रा.लि.के कर्मचारीलोग के गारी बेईज्ती कईला के साथे अभद्र व्यवहार कईल घटना चर्चा मे आईल बा ।

जनवरी १५ आ १७ तारिक के प्रा.लि.के नेपाल तथा भारत के कर्मचारीलोग बीच भईल भर्चुवल मिटिङ्ग मे भर्टिकल हेड अमित जैन उ प्रा.लि.मे कार्यरत्त नेपाल के म्यानेजर, एम.आर. लगायत के कर्मचारीलोग के अनेकन बहाना मे गारी देहला के साथे अभद्रव्यवहार भी कईल प्रा.लि.के वीरगंज स्थित एक कर्मचारी सिकाईत कईले बानी ।

बितल दिनसब मे नेपाल मे उ फर्मास्युटिकल्स से उत्पादित अनेकन किसिम के दवाईसब विक्रि वितरण मे काहे कमी आईल, तोहनी के नोकरी से हटा देवेके लगायत के धाक कमकी सब देत तथानाम गारीसब देहल कर्मचारीलोग सिकाईत कईले बाडन । वीरगंज स्थित कर्मचारीलोग लम्हर समय समय लकडाउन भईला के चलते पर्याप्त मात्रा मे दवाईसब विक्रि होखे ना सकल बतईला पर भी भर्टिकल हेड जैन कर्मचारीलोग के गालीगलौज करत अभद्र व्यवहार कईल बतवले बाडन ।

नेपाल मे रहल कर्मचारीलोगके गारी बेईज्ती तथा अभद्र व्यवहार कईला मे कर्मचारीलोग लिखित रुप मे ईमेल मार्फत जवाफ भी पठावल उ कर्मचारी बतवनी । नेपाल स्थित उ प्रा.लि.के कर्मचारीलोग आपन युनियन पेन, एन.एम.एस.आर.ए मे आपन सिकाईतसब दर्ता भी करावल उ कर्मचारी बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।