तीन दिने फोटो पत्रकारिता तालिम तथा फोटो प्रदर्शनी बितल

वीरगंज १८ फागुन,

आधारभूत फोटो पत्रकारिता तालिम तथा प्रदेश २ स्तरीय फोटो प्रदर्शनी कार्जक्रम आजु एगो समारोह के बिच पुरा भईल बा । वीरगंज मे आयोजना कईल ३ दिने फोटो पत्रकारिता तालिम आ फोटो प्रदर्शनी आजु बितल बा ।

कार्जक्रम के समापन करत प्रदेश सांसद ओमप्रकाश शर्मा पत्रकारिता ना रहि त देश बँचावल ना जा सकता कहके बतवनी । समापन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल सांसद शर्मा पत्रकार के चलते देश बाँचल बतावत देश जोगावेवाला पत्रकार हि बाडन, ना त इहाँ देश बेंचेवाला के कमी नइखे कहके बतवनी ।

नेपाल फोटो पत्रकार महासंघ के महासचिव हरि रेग्मी पत्रकारिता अनुसासित आ मर्यादित होखेके बतावत तालिम से सिखल ज्ञान के व्यवहार मे लागु करत अनुसासित पत्रकारिता करे खातिर निहोरा कइनी । नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सदस्य कृ्ष्ण गिरी पत्रकार आचारसंहिता के अधिन मे रहके पत्रकारिता करे खातिर निहोरा कइनी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान के अध्यक्षता मे भईल समापन कार्जक्रम मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया, बरिष्ठ उपाध्यक्ष सुबोध गुप्ता, महासचिव माधवराज पाल, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के उपाध्यक्ष केसी लामिछाने, नेपाल फोटो पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष विजय चौहान लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के सचिव गुरु गौतम से संचालन कईल कार्जक्रम मे फोटो पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष राम सर्राफ धन्यावाद ज्ञापन कईले रहनी । तालिम मे वरिष्ठ फोटो पत्रकार नरेश श्रेष्ठ, किरण पन्थ, बालकृष्ण थापा, विजय सिंह लगायत के लोग प्रशिक्षण देहले रहनी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ आ नेपाल फोटो पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के आयोजना तथा नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा आ नेपाल फोटो पत्रकार महासंघ पर्सा के सहआयोजना मे फोटो पत्रकारिता तालिम तथा फोटो प्रदर्शनी कईल गईल रहे । तालिम मे सहभागीलोग के प्रमुख अतिथि, अतिथिलोग प्रमाणपत्र बँटले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।