सीके राउत के मन्त्री रेणु यादव देहनी ज्यान मारेके धम्की, तत्काल मन्त्री यादव के बर्खास्त करे के माग

मेवालाल यादव

रौतहट ०६ माघ

भौतिक पूर्वाधार तथा यातायातमन्त्री रेणु यादव हिंसा भडकावेवाला अभिव्यक्ति देहले बानी । जनता समाजवादी पार्टी के नेता भी रहल यादव जनमत पार्टी के अध्यक्ष सीके राउत के खुदसँगे टकरईला पर मरा सकेके धम्की देहले बानी ।

बलिदानी दिवस मनावे खातिर गौर पुगल उनका के राउत के कार्यकर्ता अवरोध करेके खोजले रहलन । अवरोध के हटावत कार्जक्रम मे पुगल उ राइस मिल घटना दोबारा हो सकेके चेतावनी देहले बानी ।

७ चईत २०६३ मे राइसमिल मे तत्कालीन मधेसी जनअधिकार फोरम आ माओवादी अलग अलग कार्जक्रम रहले रहलन । उ समय मे भईल हिंसात्मक घटना मे तत्कालीन नेकपा माओवादी के २८ कार्यकर्ता के हत्या भईल रहे ।

जसपा नेता एवं मन्त्री यादव सम्बोधन के समय मे बेर बेर राइस मिल घटना ना भोर पराए खातिर निहोरा कईनी । ‘राइस मिल अभी भी जियते बा, गौर मे फणा देखावेके प्रयास ना कर’ कहत उ, ‘लाठी तुरे खातिर इहाँ के आदमी जानत बाडन ।’ बलिदानी दिवस मे हिंसा ना करेके कहत उ अगाडि बोलली, ‘तुफान सँगे टकराएके प्रयास कईला पर अपने के उहे हालत होखी जउन गौर के राइस मिल मे भईल रहे । हम डाक्टर साब (सिके राउत) के कहत बानी, उ इतिहास ना भुलाई । ना त अपने के कार्यकर्ता मरईहन, घेराबन्दी करके मारदिहन, सतर्क रही ।’

उ हिम्मत बा त सिंहदरबार घेराव करके देखावे खातिर भी राउत के चुनौती देहले बानी ।

एहितरे जनमत पार्टी अध्यक्ष सीके राउत के ज्यान मारेके धम्की देवेवाला भौतिक पूर्वाधार तथा यातायातमन्त्री रेणु यादव के बर्खास्त करे खातिर माग कईले बा ।

पार्टी के उपाध्यक्ष ई. दीपक कुमार साह बियफे के दिने विज्ञप्ति जारी करत रौतहट के गौर के एगो सभा मे देहल अभिव्यक्ति उपर आपत्ती जनावत बर्खास्त करेके माग कईले बाडन ।

विज्ञप्ति मे कहल गईल बा, ‘२०७८ माघ ५ गते नेपाल सरकार के भौतिक पूर्वाधार तथा यातायात मन्त्री श्रीमती रेणु यादव रौतहट के गौर के एगो सभा मे देहल अभिव्यक्ति उपर हमनी के पार्टी के गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल बा । आपराधिक अभिव्यक्ति देवेके, हत्या–हिंसा भड्कावेके खोजेके आ दोसर नरसंहार के षड्यन्त्र रचेवाला उ मन्त्री के अविलम्ब बरखास्त करेके पडि ।‘

देश के संघीयमन्त्री जईसन जिम्मेवार पद मे रहल आदमी से आईल उ अभिव्यक्ति चरम आपराधिक अभिव्यक्ति रहल आ किसान आन्दोलन तथा आम–जनता के विरूद्ध मे रहल हमनी के पार्टी के निष्कर्ष बा ।

साथे पार्टी गौर नरसंहार के फरार अभियुक्तलोग के तत्काल् पकडेके माग भी कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।