मिर्गौला प्रत्यारोपण के खातिर प्रधानमन्त्री ओली अस्पताल भर्ना

काठमाण्डु १९ फागुन,

फेनु मिर्गौला प्रत्यारोपण के खातिर प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे भर्ना भईल बानी । उ सोमार के सँझिया अस्पताल पुगल रहनी आ बुध के दिने मिर्गौला प्रत्यारोपण करेके तइयारी बा ।
सत्तारुढ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के अध्यक्ष भी रहल प्रधानमन्न्त्री ओली के भगीनी मिर्गौला दिहन । उ भी सोमार के दिने अस्पताल भर्ना भइल बानी ।

अस्पताल भर्ना होखे से पहिले भिडियो सन्देश जारी करत प्रधानमन्त्री ओली फेनु मिर्गौला प्रत्यारोपण के बाद आउर उर्जा आ आत्मविश्वास लेके काम मे फिर्ता होखेके विश्वास व्यक्त कईले बाडन ।

डा. ज्ञवाली नेतृत्व के टोली करी प्रत्यारोपण
प्रधानमन्त्री ओली के मिर्गौला प्रत्यारोपण त्रिवि शिक्षण अस्पताल के युरोलोजी तथा ट्रान्सप्लान्ट सर्जन प्रा.डा. प्रेमराज ज्ञवाली नेतृत्व के टोली करी । डाक्टर ज्ञवाली के मुताविक सुरु कईला के ३ से ५ घण्टा मे प्रत्यारोपण ओराई ।

प्रत्यारोपण के बाद मरेजी के अवस्था देखके ५÷७ दिन अस्पताल मे राखल जाई । अस्पताल स्रोत के मुताविक भारतस्थित अपोलो अस्पताल के एक डाक्टर के भी लियावे के तइयारी बा, जे १२ बरीस पहिले ओली के मिर्गौला प्रत्यारोपण मे संलग्न रहनी ।

ओली २०६४ सावन मे मिर्गौला प्रत्यारोपण कईल रहे । उ बढिया से काम ना कईला के बाद बितल कातिक से नियमित डायलाइसिस करावत आईल बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।