नेकपा एमाले के पटेर्वासुगौली के बेल्वा मे सभा

मेघराज राय
जिराभवानी १६ भादो
पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के वार्ड नम्बर २ के बेल्वा टोल के थारु धर्मशाला मे ने.का.पा.(एमाले) के पालिका स्तरीय सभा वार्ड नम्बर १ के वार्ड अध्यक्ष फरमान मिया के सभापतित्व मे पालिका स्तरिय सभा पुरा भईल बा ।
सभा के केन्द्रिय कमिटी सदस्य निर्मला देवकोटा दिप प्रज्जवल करके उदघाटन कईले रहनी । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि केन्द्रिय सदस्य निर्मला देवकोटा बुढ पुरनिया, युवालोग भुपु.प्रधानमन्त्री के.पी.ओली के आई लव यु कहत उनकर काम उपर बहुते खुसी जनवले रहलन ।
कार्जक्रम मे सम्बिधान सभा सदस्य राजकुमार गुप्ता ने.क.पा.(एमाले) फुटल नईखे, हमनी पार्टी भितर मनमुटावल रहल कहत उ पन्धं महिना के बाद होखेवाला चुनाव मे ने.क.पा.(एमाले) बहुमत के सरकार बनाई कहनी ।
वार्ड नं. १ के अध्यक्ष फरमान मिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथिमा ने.क.पा.(एमाले)केन्द्रिय कमिटी सदस्य निर्मला देवकोटा, विशिष्ट अतिथिलोग मे जिल्ला कमिटी अध्यक्ष प्रभु हजरा, संविधान सभा सदस्य राजकुमार गुप्ता, सम्बिधान सभा सदस्य जयप्रकाश थारु, रा.प.स.एवं माहानगर कमिटी अध्यक्ष डा.बिश्वमबर शर्मा, प्रदेश कमिटी सदस्य तेज प्रकाश निषाद, एहितरे जिल्ला कमिटी सचिव एवं छिपरमाई गाँवपालिका प्रमुख मनोज गुप्ता, पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी, युवा संघ नेपाल केन्द्रिय सदस्य रबि गुप्ता, युवा संघ नेपाल जिल्ला अध्यक्ष महमद निजाम लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के सहजीकरण लक्षमी खरेल कईले रहली ।






