सरकार के कुछ दिन भा महिना के खातिर अन्तर्राष्ट्रिय उडान रोकेके सर्वोच्च के आदेश

काठमाण्डु १९ फागुन,
सर्वोच्च अदालत कोरोना भाइरस के संक्रमण रोकथाम के खातिर कुछ दिन भा महिना के खातिर अन्तर्राष्ट्रिय उडान रोके खातिर सरकार के नाम मे अन्तरिम आदेश जारी कईले बा ।
सोमार के दिने न्यायाधीश तेजबहादुर केसी के इजलास से कोरोना भाइरस के संक्रमण से भौगोलिक क्षेत्र विस्तार कर रहल आ नेपाल मे भी ई संक्रमण के प्रवेश के सम्भावना के कउनो भी अवस्था मे नजर अन्दाज ना करे खातिर सरकार के निहोरा कईले बा ।
अधिवक्ता पूर्ण राजवंशी कोरोना प्रभावित देश से नेपाल आवेवाला के स्वास्थ्य परीक्षण करेके, प्रभावित देश सँगे के उडान रद्द करेके आ उहाँ के नागरिक के भिसा ना देवे खातिर अन्तरिम आदेश माग करत रिट देहले रहलन । ओमे सुनुवाई करत सर्वोच्च चीन, जापान, दक्षिण कोरिया, बहराइन, इरान आदि देश से सोझे आ ट्रान्जिट होके नेपाल आवेवाला जहाज अवतरण मे रोक लगावे के आदेश देहले बा ।
साथे उ देश के नागरिक के स्वास्थ्य परीक्षण विना प्रवेश मे रोक लगावे के आ शंकास्पद विदेशी आ स्वदेशी के तत्काल आइसोलेसन आ क्वारेन्टाइन मे राखे खातिर भी आदेश देहले बा ।
कोरोना भाइरस (कोभिड १९) के गम्भीर संक्रमण फईलल देशसब (चीन, जापान, दक्षिण कोरिया, बहराइन, इरान आदि) से सोझे आ ट्रान्जिट होके त्रिभुवन विमानस्थल मे अवतरण होखेवाला अन्तर्राष्ट्रिय उडान के अवस्था आ परिस्थिति के गम्भीरता के सुक्ष्म मूल्यांकन करके आम जनता के स्वास्थ्यसम्बन्धी राष्ट्रिय हित के ध्यान मे राख के कुछ दिन आ महिना के खातिर अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल मे अवतरण होखेवाला आ अन्तर्राष्ट्रिय उडान मे रोक लगावेके आ उ देश के नागरिक के स्वास्थ्य परीक्षण विना प्रवेश मे रोक लगईला के साथे शंकास्पद स्वदेशी तथा विदेशी नागरिक के तत्काल आइसोलेसन आ क्वारेन्टाइन मे राख के अलगे ईलाज के व्यवस्था मिलावेके ।
“कोरोना भाइरस (कोभिड १९) के सम्भावित संक्रमण आ ओकरा से फईले सकेवाला महामारी जईसन विपद जोखिम न्युनीकरण के खातिर पूर्वतइयारी के काम कईला पर भी तत्काल करके संक्रमण फईलला पर विपद प्रतिकार्य आ व्यवस्थापन कार्यकारी प्रभावरी तरिका से करेय खातिर भी सरकार के आदेश देहले बा ।
एहितरे स्थलमार्ग आ हवाइमार्ग से नेपाल आवेवाला विदेशी नागरिक के अनिवार्य रुप मे दक्ष जनशक्ति से स्वास्थ्य जाँच के व्यवस्था मिलावे खातिर भी सर्वोच्च आदेश देहले बा । “देश के उत्तर आ आउर सीमा से नेपाल मे प्रवेश करेवाला स्थलमार्ग आ त्रिभुवन अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल से आदमीसब प्रवेश करेवाला नागरिक (विदेशी सहित) सब के अनिवार्य रुप मे कडाइ के साथ दक्ष जनशक्ति सहित के स्वास्थ्य जाँच के प्रभावकारी उपकरण के व्यवस्था करेके” जनावल गईल बा ।






