पत्रकार दुबे के माई के पार्थिव शरिर मे नेता रौनियार राष्ट्रिय झण्डा ओढाके कईलें श्रद्धाञ्जली अर्पण

वीरगंज ३० भादो

बारा के फेटा गाँवपालिका वार्ड नं. ७ गम्हरिया निवासी जन गुनासो डेली के सञ्चालक तथा ग्लोबल टेलिभिजन बारा, पर्सा, रौतहट प्रमुख पत्रकार उमेश दुबे के ममतामयी माई लक्ष्मी देवी के शनिचर के दिने हिन्दू परम्परा मुताविक दाह संस्कार कईल बा ।

मधुमेह आ मुटु बेमारी से पिडित लक्ष्मी देवी के ६७ बरीस के उमिर मे काठमाण्डु के शाहीद गङ्गालाल अस्पताल मे लम्हर समय से ईलाज करा रहला मे शुक के रात करिब १० बजे निधन भईल रहे ।

बारा के फेटा गाँवपालिका वार्ड नं. ७ गम्हरिया के ुसमसानघाट मे पुगके स्व. लक्ष्मी देवी के पार्थिव शरिर मे नेपाली काँग्रेस बारा के सचिव एवं युवा नेता राजेश रौनियार नेपाल के राष्ट्रिय झण्डा ओढाके सम्मान सहित श्रद्धाञ्जली अर्पण कईले रहनी ।

सम्मान करत रौनियार पत्रकार दुबे आपन पत्रकारिता पेशा मार्फत समाज मे रहल बिकृति बिसंगती बिरुद्ध हरदम कलम चलाके समाज के हित मे काम कईला से उनका के जन्म देवेवाली माई स्व. लक्ष्मी देवी के पार्थिव शरीर मे नेपाल के झण्डा ओढाके सम्मान कईल बतवनी ।

दाह संस्कार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक कोमल शाह, बारा, पर्सा के सञ्चारकर्मी लगायत स्थानियलोग घाट मे पुगके श्रद्धाञ्जली अर्पण कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।