ऊँख किसान के जमिन प्रमाणीकरण करे खातिर आठ जिल्ला के स्थानीय तह के पत्राचार

काठमाण्डु १९ फागुन

संघीय मामला तथा स्थानीय विकास मन्त्रालय ऊँख किसान के सरकार से उपलब्ध करावेवाला सरकारी अनुदान वितरण मे सहजीकरण करे खातिर स्थानीय तह के निहोरा कईले बा ।

मन्त्रालय एतवार के दिने तराई के कञ्चनपुर, नवलपरासी, बारा, सर्लाही, महोत्तरी, सिरहा, सुनसरी आ रौतहट जिल्ला के स्थानीय तह के पत्राचार करके किसान ऊँख खेती कईल जमिन के प्रमाणिकरण मे सहजोग करे खातिर मन्त्रालय से निहोरा कईले बा ।

कृषक के अनुदान वितरण करेवाला संशोधित कार्यविधि २०७५ मुताविक कृषक से अनुदान लेवे खातिर ऊँख खेती कईल जमिन के क्षेत्रफल, जमिन के कित्ता नम्बर भा चार किल्ला आ उत्पादन परिणाम खुला के निवेदन देवेके प्रावधान बा ।

स्थानीय तह उ सिफारिस ना कईला पर सरकारी अनुदान मिले से कृषक बञ्चित भईल रहलन । कृषि मन्त्रालय से फागुन ११ गते संघीय मामिला तथा सामान्य प्रशासन मन्त्रालय के पत्र लिखत सहजीकरण मँगले रहलन । ऊँख उत्पादक किसान के सरकार से देवेवाला अनुदान वितरण करे खारित अर्थमन्त्रालय बियफे के दिने आउर ४९ करोड ४९ लाख ३४ हजार रोपेया निकासा कईले बा ।

ऊँख खेती होखेवाला जिल्ला के कोष तथा लेखा नियन्त्रक कार्यालय के उ रकम पठवले रहे । किसान के प्रोत्साहन स्वरुप राज्य से देवेवाला कुल अनुदान १ अरब ३३ करोड ५३ लाख १४ हजार रोपेया मेसे ९२ करोड रोपेया एकरा से पहिले हि निकासा भईल रहे । बितल बरीस २ करोड ४ लाख ५५ हजार क्विन्टल ऊँख क्रसिङ भईल कृषि तथा पशुपन्छी विकास मन्त्रालय के तथ्यांक बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।