पर्सा मे टाडका लाग के तीन जने के मृत्यु

वीरगंज १५ असाढ
पर्सा मे टाडका लाग के तीन जने के मृत्यु भईल बा । मंगर के सबेरे खेत मे धान रोपे आ भईंस चरावे गईल समय एक जनानी सहित तीन जने के मृत्यु भईल बा । एक जने घायल भी भईल बाडन ।
पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका–४ देवरबाना के ५५ बरीस के रघुवीर यादव के भईंसी चरावे गईल समय गिरल टाडका लाग के उनकर घटनास्थल मे मृत्यु भईल बा ।
एहितरे पटेर्वासुगौली गाँवालिका–१ गदियानी के २७ बरीस के रुस्लान गदी के भी टाडका लाग के मृत्यु भईल बा ।
पटेर्वासुगौली ४ स्थित पथलवाघाट ओरी मंगर के सबेरे भईंसी चरावे गईल समय गिरल टाडका से लाग के रुस्लान के भी घटनास्थल मे मृत्यु भईल बा । उलोग सँगे भईंस चरावे गईल राजवली गदी, टाडका लाग के गम्भीर घायल भईल बाडन ।
घायल राजवली के ईलाज के खातिर वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा जानकारी देहनी ।
एहितरे खेत मे धान रोपे गईल समय टाडका लाग के पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका–३ जितपुर के ५० बरीस के असतुरनी देवी थरुनी के भी मृत्यु भईल बा ।
गाँव के रामसोगारत महत्तो के खेत मे मंगर के सबेरे धान रोपे गईल समय टाडका लाग के थरुनी के घटनास्थल मे मृत्यु भईल इलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा के प्रहरी नायव निरीक्षक राजुबाबु यादव जानकारी देहनी । मृतक तीनु जने के लास पोष्टमार्टम के खातिर वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल मे लियावल गईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरिक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।





