कोरोना भाइरस से बचेला घर घर मे आ जिल्ला भर सचेतना पुगावे के परल – जिल्ला अधिकारी पोखरेल

फागुन २१ फागुन
प्रभु यादव
बारा जिल्ला के घर घर मे आ सभे जगह कर के जिल्ला भर कोरोना भाईरस से बचेला सचेतना पुगावे के परल प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणीन्द्रमणि पोखरेल जनकारी करावले बानी ।
बारा तीन जगह से एके साथ सुरू कईल गईल कोरोना भाईरस चेक जाँच करेला हेल्प पोष्ट के उदघाटन करत प्रमुख जिल्ला अधिकारी पोखरेल जनकारी करावले बानी ।
सशस्त्र प्रहरी बल, नेपाल बारा गण के संयोजन मे जिल्ला के मित्रराष्ट्र भारत से अावतजावत अधिक होखेवाला जगह के पहिचान कर के तीन गो हेल्प डेस्क स्थापना कईल गईल बा ।
कलैया उपमहानगर पालिका वडा नं. १० के मटिअर्वा, सिम्रौनगढ न.पा. ६ के सतुही आ सुवर्ण गाउपालिका वडा नं. ३ के सन्तगंज कबहिगोठ मे एकेबेर स्वास्थ्यकर्मी सहित के हेल्प डेस्क स्थापना कईल गईल १२ नम्वर गण के गणपति सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक दिग बिजय सुवेदी बतावले बानी ।
बारा जिल्ला के मुखय नाका मटिअर्वा के सशस्त्र प्रहरी बल, नेपाल बि.ओ.पि. मटिअर्वा के आयोजना मे हेल्प डेस्क के उद्घाटन बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणिन्द्र मणी पोखरेल कईले बानी ।
कार्यक्रम मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी पोखरेल अादमी के बहुते जमघट कर के कार्यक्रम् ना करेके समेत निर्देशन देहनी । गणपति दिग बिजय सुवेदी स्वास्थ्य चेतना संचालन अन्तरगत भईल कार्यक्रम मे जिल्ला के तिन स्थान मे आजे से सुरु भईल बा जवना से भरपुर फाइदा उठावे के अनुरोध कईनी ।
कार्यक्रममे बारा प्रहरीउपरिक्षक कृष्ण पंगेनी, राष्ट्रिय अनुसन्धान के जिल्ला प्रमुख, जनप्रतिनिधी सब तथा कलैया अस्पताल के डा. अन्जली चौरसिया लगायत के लोग उपस्थिति भईल रहे । डा. चौरसिया कोरोना भाइरस सम्बन्धी लक्षण, रोकथाम के उपाय सब के बारे मे प्रस्तुतीकरण कईले रहली ।
सुवर्ण गाउपालिका के कार्यकारी अधिकृत तथा बि.ओ.पि. कबहिगोठ के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक युकेश उप्रेती अा सिम्रौनगढ मे जनप्रतिनिधी तथा बि.ओ.पि. प्रमुख कविर मल्ल कार्यक्रम के सुरूवात कईनी ।
जिल्ला मे पहिलका बेर कोरोना भाइरस सम्बन्धी सचेतना मुलक हेल्प डेस्क स्थापना कईल सशस्त्र प्रहरी बल से अग्रसरता के प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणिन्द्र मणी पोखरेल सराहना कईनी ।
सचेतना बढावेला सशस्त्र प्रहरी बल, नेपाल मे माक्स, सचेतना मूलक पम्पलेट वितरण कईले रहल अउर कार्यक्रम मे अावेवाला तिन दिन तक संचालन करेके सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक दिग बिजय सुवेदी जनकारी दिहनी ।







