मटिअर्वा नाका मे एक जने जनानी पकडाईल बाडी ।

फागुन २२ गते
भारत से लेयारहल लागुऔषध सहित मटिअर्वा नाका मे एक जने जनानी पकडाईल बाडी ।
बारा के कलैयाउपमहानगरपालिका वडा नम्वर १० मटिअर्वा नाका से लागु औषध सहित एक जने जनानी पकडाइल बाडी ।
कलैया उपमहानगरपालिका वडा नम्वर २७ सिसवा महेशपुर घर भइल अभि वडा नम्वर ४ मे डेरा भाडा मे बईठल ५० वरीस के सुदमिया राम पक्रडाई बाडी । सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक लक्ष्मण जोशी के कमाण्ड मे डिपटी मे खटल पाँच जने के मोवाईल टोली भारत से नेपाल के अोर लेयाल रहल लागुऔषध चेकजाँच करे के क्रम मे पकडिघाट से पकडल गईल बा ।
पकडाई राम से प्रोमेथेक्साईन चार सय, नोफिन चार सय अा डाईजेपम ईन्जेक्सन चार सय कर के जम्मा एक हजार दु सय थान पकडल गइल सशस्त्र प्रहरी लक्ष्मण जोशी बतावले बाडन ।
विरगंज भन्सार कार्यलय के अनुसार मटिअर्वा नाका से पछिला दिन मे ७ महिना मे लगभग एक करोड के मालसमान पकडले बा जानकारी भईल बा । भन्सार के नाका मे कडाई भईला से पहिले से अभि राजश्व दश गुणा से बृद्धि भईल भन्सार कार्यलय के नागेन्द्र यादव जनाकारी देहनी ।






