पर्सा के २ गो गा.पा. मे जनानी हिंसा न्युनिकरण सम्बन्धि परियोजना कार्जक्रम होखी

वीरगंज ०८ चईत

महिला अभियान नेपाल नागपोखरी काठमाण्डु के आयोजना मे जनानी हिंसा न्युनिकरण सम्बन्धि परियोजना कार्जक्रम पर्सा जिल्ला के प्रसौनी आ धोबिनी गाँवपालिका मे सञ्चालन करेके जनावल गईल बा ।

नेपाल सरकार युनेस्को निमित्त राष्ट्रिय आयोग के सहजोग मे महिला अभियान नेपाल आजु जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सभाहल मे अयोजना कईल जिल्ला स्तरिय अभिमुखिकरण गोष्ठि मे अभियान के अध्यक्ष यसोदा कार्की २१ से मार्च तक उ २ गो गाँवपालिका मे लैङ्गिक हिंसा न्युनिकरण सम्बन्धि अभिमुखिकरण गोष्ठी के उदेश्य, ओकर प्रभावकारीताः जनानी सम्बन्धि वर्तमान नेपाल के बारेमे चर्चा कइले रहनी ।

जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सभापति नेकमहम्मद अंसारी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय कुमार सरावगी, एमाले के नेता एवं संविधानसभा सदस्य प्रद्युमन चौहान, नेपाली काँग्रेस पर्सा के सभापति अजय द्विवेदी, माओवादी केन्द्र के नेता छोटेलाल यादव, जसपा नेपाल के अध्यक्ष रामनरेश यादव, गैसस महासंघ नेपाल के अध्यक्ष छठु साह, समन्वय समिति के सदस्य प्रेम कुमारी सिंह, वीरगंज महानगर के प्रतिनिधि मनोजा चौधरी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।