प्रधानाध्यापक चौधरी के विदाई

प्रभु यादव

बारा २३ फागुन,
बारा के कोल्हबी नगरपालिका वडा न.११ मे रहल श्रीमणी माध्यमिक बिद्यालय थस्कौल के प्रधानाध्यापक जनार्दन प्रसाद चौधरी के एक कार्यक्रम के बिच बिदाई कईल गईल बा ।

बिद्यालय व्यस्थापन समिति के अध्यक्ष नन्द कशोर चौधरी के सभापतित्व मे भइल कार्यक्रम मे प्रमुख अतिथि नगर उपप्रमुख सुनैना थरूनी के प्रमुख आतिथ्याता मे भईल रहल ।

विदाई कार्यक्रम मे अनुप दिपनी मा.बि बिद्यालय कोल्हबी के पूर्व प्रधानाध्यापक केवल प्रसाद चौधरी, नेपाल राष्ट्रिय अधारभूत बिद्यालय रामपुर्वा के प्रधानाध्यापक गागाराम चौधरी, ने.रा.मा.बि सपही के प्रधानाध्यापक ज्ञानराज पुरासैनी लगायत श्रीमणी मा .बि थस्कौल मे कार्यरत सभे शिक्षक शिक्षिका लोग प्रधानाध्यापक चौधरी के आपन कार्यकाल मे कईल गइल बिकास निमार्ण पूवाधार आ बिद्यायलय मे शिक्षा प्रति खेलल गईल भूमिका के सम्बन्ध मे बिद्यालय मे देहलल गईल योगदान के प्राशसा कईले रहलन ।

कार्यक्रम मे बारागढी गाउँपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत आमोद चौधरी, कार्यपालिका सदस्य रामदुलारी चौधरी, पूर्व बिद्यालय व्यास्थापन समिति के अध्यक्ष बाबुलालराम चौधरी लगायत के लोग आ(आपन बात राखत प्रअ चौधरी के काम से सभे के शिक्षा लेवे के जनकारी देहलन । कार्यक्रम के सञ्चालन माबि शिक्षिका बिना भुजेल कईले रहली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।