असई सहित ५ जने विरुद्ध भ्रष्टाचार मुद्दा

वीरगंज ११ असाढ

पर्स मे कार्यारत एक जने प्रहरी सहायक निरीक्षक (असई) सहित ५ जने विरुद्ध विशेष अदालत काठमाण्डु मे मुद्दा दायर भईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका अन्तर्गत पडेवाला अस्थाई प्रहरी पोष्ट इनर्वागाँव के तत्कालिन असई पूर्णबहादुर तामाङ, हवल्दार विष्णु दयाल चौधरी, जवानद्वय अवधेश राय, राजकुमार गुरुङ आ कावासोती के सोनाम तामाङ विरुद्ध अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मुद्धा दायर कईल बा ।

अनुसन्धान के समय मे उलोग घुस लेहल पुष्टि भईला के बाद मुद्दा दर्ता कईल आयोग के प्रवक्ता प्रदीप कुमार कोइराला जानकारी देहनी ।

कोइराला कहनी कि, “२०७६ चईत ८ गते अस्थायी प्रहरी पोष्ट, इनर्वागाँव मे कार्यरत असई तामाङ आ प्रहरी हवल्दार विष्णु दयाल घुस लेहल उजुरी के बाद अनुसन्धान भईला पर उलोग घुस लेहल पुष्टि भईल बा ।”

असई तामाङ, प्रहरी हवल्दार विष्णु दयाल आ लागूऔषध नियन्त्रण व्यूरो शाखा पर्सा के प्रहरी जवान राय दोसर प्रहरी जवान गुरुङ सँगे मिल के अपरिचित हुण्डी कारोबारी से बरामद भईल अवैध २० लाख रोपेया से ७ लाख एकआपस मे बाँडचुड के घुस लेहल दाबी अख्तियार कईले बा ।

जउना मेसे राय १ लाख २५ हजार रोपेया, प्रहरी हवल्दार विष्णु दयाल १ लाख १० हजार, चौधरी हि आउर सहजोगीलोग के दिन थप ६५ हजार आ बाँकी ४ लाख असई तामाङ खुद सँगे राखल अख्तियार के आरोप पत्र मे उल्लेख बा ।

अख्तियार असई तामाङ, विष्णु दयाल, राय आ गुरुङ के भ्रष्टाचार निवारण ऐन मुताविक घुस लेहल आरोप मे ७ लाख बिगो कायम कईले बा ।

कावासोती नगरपालिका–५ रहेवाला सोनाम तामाङ बयान के समय मे असई तामाङ के सजाय होखे से बँचावे के प्रयास कईल आरोप अख्तियार लगवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।