पर्सा के सखुवाप्रसौनी मे आगलागी, ४ गो फुस के घर जरल
वीरगंज २३ फागुन,
पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ६ स्थित लखनपुर मे आजु दिन के आगलागी भईल बा ।
स्थानीय भरत राउत कम्कड के घर मे विद्युत सर्ट होके सुरु भईल आगलागी आउर घर मे भी लागल रहे । आ
से कम्कडसहित भरत राउत, रामायण ठाकुर आ शिव बालक राउत के फुस के घर जर के राखी भईल ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह जानकारी देहनी । सिंह के मुताविक आगलागी से ४ लाख मुल्य बराबर के नोक्सानी भईल बा ।
आगलागी से तीनु जने के घर मे भण्डारण करके राखल अन्नपात, लत्ताकपडा लगायत के सामानसब जरके नोक्सान भईल सिंह बतवनी ।
पोखरिया नगरपालिका के दमकल के सहजोग मे नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी आ स्थानीय बासिन्दा के प्रयास मे दिन के साढे १ बजे के समय मे लागल आगलागी साढे २ बजे के समय मे नियन्त्रण मे आईल रहे ।
स्थानीय आगलागी नियन्त्रण के खातिर प्रयास कईला पर भी नियन्त्रण मे लेवे ना सकला के बाद पुलीस आ दमकल के खबर कईल शिव साह बतवनी ।






