एमसिसी विरूद्ध कलैया मे विरोध प्रदर्शन

प्रभु यादव

बारा ०३ कातिक

बारा के कलैया मे नेपाल मजदुर किसान पार्टी एमसिसी विरूद्ध बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका मे रहल पार्टी के कार्यालय से निकलल बिरोध जुलुस देशघाती एमसिसी सम्झौता खारेज कर, अमेरिकी सम्राज्य वाद मुर्दावाद, एमसिसि के मतियार होसियार, अमेरिकी सैन्य गठबन्धन ना चाहिँ, जलविद्युत माफिया सब होसियार, भारतीय विस्तारवाद मुर्दावाद, काला धन जपत कर, लनय ष्लनय खारेज कर, विदेसी ऋण ना चाहिँ प्रगतिशिल कर लागू कर लगायत के नारा लगावत नगर के परिक्रमा कर के भरत चौक मे पुग के कोण सभा मे परिणात भईल रहे ।

विरोध कार्जक्रम मे नेमकिपा के केन्द्रिय सदस्य सरोज साह अमेरिका ७० से बेसी देश मे आठ सय से अधिका सौन्य आखडा राखले बा जनकारी करावले रहनी । भारत के विशाखापटनम तक अमेरिकी जल सेना तैनाथ कईले बा अभि जापान मे ५४ हजार आ दझिण कोरिया मे २८ हजार पाँच सय राखले बा, ६७ बरीस से प्रजय कोरिया विरुद्ध अमेरिका, जापान आ दझिण कोरिया के संयुक्त युद्ध अभ्यास होरहल हिन्द प्रशान्त क्षेत्र मे ९० गो युद्ध अभ्यास मे ३ लाख ७५ हजार अमेरिकी सेना संगलन रहल सारा अमेरिका के सहजोग मिलल दझिण कोरिया, जापान इराक, लिबिय, सिंगापुर, कतार, फिलिपिन्स, साउदी अरब लगायत के देश मे अमेरिकी सेना परेड खेल रहल केन्द्रीय सदस्य साह जनकारी करावले बानी ।

एमसिसी सम्झौता कार्यान्वयन संगे नेपाल के जगह जगह मे अमेरिकि सेना तैनाथ कर के देश अमेरिका के चपेटा मे परजाई केन्द्रीय सदस्य साह आरोप लगावले बानी । विरोध कार्जक्रम मे नेमकिपा के केन्द्रीय सदस्य उमेश कवां रमेश प्रजापति लगायत के लोग आ–आपन बात रखले रहलन । बारा अध्यक्ष मुक्ति यादव के अगुवाई मे भईल कार्जक्रम मे मकसुद आलम, सुरज श्रेष्ठ, महमुद आलम लगायत के कार्यकर्ता लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।