प्रेस युनियन बारा के नवनिर्वाचित पदाधिकारी लोग लेहलन सपथ

बारा २३ फागुन,
प्रेस युनियन बारा शाखा मे नवनिर्वाचित भइ पदाधिकारी लोग सपथ लेहले बाडन । वितल माघ २९ गते कलैया मे सम्पन्न भईल बन्द सत्र से निर्विरोध निर्वाचित भईल जिल्ला कार्यसमिति, प्रदेश आ केन्द्रिय प्रतिनिधि सुक्रवार सिमरा के इच्छा होटल मे एक समारोह के बिच पद तथा गोपनियता के सपथ लेहले बा ।
केन्द्रिय प्रतिनिधि दिपेन्द्र चौहान के रोहवर मे निर्वाचन अधिकृत अधिबक्ता नरेश चौधरी से नवनिर्वाचित कार्यसमिति के अध्यक्ष श्यामबाबु यादव सपथ लेहले रहनी । अध्यक्ष यादव सपथ लेहला वाद अन्य पदाधिकारी आ कार्यसमिति सदस्य लोग के सपथ दिलवनी । साथे केन्द्रिय प्रतिनिधि आ प्रदेश प्रतिनिधि लोग के सपथ खियावल गईल अउरी निर्वाचित भईल लोग के प्रमाणपत्र समेत देहल गईल ।
कार्यक्रम मेनेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नम्बर २ के सचिव गुरुप्रसाद गौतम, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नम्बर २ के सदस्यद्वय भोजराज भट्टराई आ जगत राई उपस्थिती रहल रहे ।
कार्जक्रम मे विश्वास एफ एम के संचालीका नेपाल प्रियंका दास, प्रेस युनियन बारा के पूर्वअध्यक्ष गणेश रिजाल, प्रेस युनियन बारा के पूर्व सभापती रबिन्द्र सिङ, बरिष्ठ पत्रकार रेशम तिवारी, रतनलाल टेमानी, लगायत के उपस्थिती रहल रहे ।
सपथ ग्रहण के बाद आयोजना कईल एगो कार्जक्रम के बिच नवनिर्वाचित कार्यसमिति अधिबेसन पुरा करेमे सहजोग करेवाला केन्द्रिय प्रतिनिधि आ निर्वाचन समिति के सदस्यलोग के मायाँ के चिनो भी देहल गईल रहे ।






