सामुदायिक सेवा केन्द्र छपकैया के मासिक बईठक पुरा

वीरगंज २४ फागुन,
सामुदायिक सेवा केन्द्र तथा सामुदायिक प्रहरी सेवा केन्द्र छपकैया–२ के मासिक नियमित बईठक पुरा भईल बा ।
सामुदायिक सेवा केन्द्र छपकैया के कार्यालय मे बईठल बईठक से अनेकन दु गो महत्वपूर्ण निर्णय कईले बा । सामुदायिक के अध्यक्ष ग्यासुदिन ठकुराई के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से इहे चईत २९ गते सामुदायिक सेवा केन्द्र छपकैया के प्राङ्गण मे छपकैया गुठी, सामुदायिक सेवा केन्द्र छपकैया आ राईजिङ्ग वीरगंज नेपाल के संयुक्त आयोजना मे खुल्ला खुनदान कार्जक्रम करेके आ सामुदायिक के पदाधिकारीलोग के सदस्यता नवीकरण करेके निर्णय कईल जनावल गईल बा ।
बईठक मे वरिष्ठ उपाध्यक्ष मो. अब्दुल हक, सचिव प्रबिण बिक्रम शाह, सदस्य धिरज शर्मा, अजित कुमार भुजेल, अरुण कुमार गोयल, ऐराहनुल हक, मोमिला खातुन, अब्दुल कैश, प्रहरी हवल्दार देवेन्द्र पटेल आ प्रहरी जवान राजकुमार तामाङ लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






