बसपार्क पुलीस चौकी के ईन्चार्ज खतिवडा के संरक्षण मे यौनधन्दा होरहल आरोप, १८ जने पकडईलें

अजय चौरसिया
वीरगंज १५ असाढ
यौन गतिविधि मे संलग्न भईल आशंक मे पुलीस वीरगंज के बसपार्क क्षेत्र से १८ जने के पकडले बा ।
एक दु दिन से अनेकन संचारमाध्यम मे बसपार्क क्षेत्र मे पर्सा पुलीस के संरक्षण मे यौन व्यवसाय बढल समाचार प्रकाशन मे अईला के बाद बुध के दिने वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता आ वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के टोली छापामारी करके यौन व्यवसाय मे सलंगन रहल डेढ दर्जन जनानी आ पुरुषलोग के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
वीरगंज के बसपार्कस्थित होटल मायालु, होटल समर आ होटल रोयल से ३ जनानी आ ४ जने पुरुष करके ७ जने के वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता पकडले बा । एहितरे वीरगंज के सेकेन्ड बाईपास बसपार्क क्षेत्र से अनेकन टहरा एवम् खास्ता दोकानसब से वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर ११ जने के पकडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक (डिएसपी) प्रह्लाद कार्की जानकारी देहनी ।
यौन व्यवसाय मे संलग्न आशंका मे पकडाईल घटना से बसपार्क क्षेत्र मे बहुते दिन से खुल्लेयाम बसपार्क पुलीस चौकी के संरक्षण मे यौन व्यवसाय हो रहल प्रमाणित होता कहके स्थानियलोग बतवले बाडन ।
बसपार्क क्षेत्र मे रहल छोटा छोटा नास्ता दोकान आ कुछ होटल लज मे युवती आ जनानीलोग के राख के खुल्लेयाम बसपार्क क्षेत्र मे यौन व्यावसाय होत आईल बा । नास्ता खाएके बहाना मे होटल मे जाएवाला ग्राहकलोग रु ७ सय से ५ हजार तक रोपेया तिरके यौनसम्पर्क करत आईल जनावल गईल बा ।
बसपार्क प्रहरी चौकी के इन्चार्ज आदर्श खतिवडा के यौन व्यवसाय करावेवाला होटलसब के साहु महिनावारी रोपेया बुझा रहला के चलते बसपार्क पुलीस चौकी कुछो ना कर रहल स्थानियलोग आरोप लगवले बाडन ।
वीरगंज बसपार्क मे किशोरी से लेके अधेड जनानीलोग बसपार्क क्षेत्र के होटलसब मे खुल्लेयाम यौन व्यावसाय होत आईल स्थानियलोग बतवले रहलन । स्थानिय के सूचना मुताविक पत्रकारलोग के एगो टोली बसपार्क क्षेत्र मे स्थलगत रिपोर्टिङ्ग करके समाचार प्रकाशित कईला के बाद पर्सा पुलीस सक्रिय भईल सराहनीय बात रहल स्थानिय के कहनाम बा ।
एने पुलीस सेटिङ वाहेक के होटलसबस मे मात्र छापामारी कईल स्थानियलोग के आरोप रहल बा । पुलीस के काम कारवाही बारे मे आलोचना भईला के बाद मात्र देखावटी रुप मे कुछ के नियन्त्रण मे लेहल जनावल गईल बा ।






