अनमोल किशोर सम्बाद समुह गठन

बारा २९ फागुन,
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १ बुनियाद मे आजु अनमोल किशोर सम्बाद समुह गठन भईल बा ।
परवानीपुर गाँवपालिका के वार्ड नम्बर २ के वार्ड अध्यक्ष इश्वरी प्रसाद साह के प्रमुख अतिथिता मे उ समुह गठन कईल बा ।
उ अवसर मे परवानीपुर गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १ के वार्ड सदस्य प्रमोद साह केसरी, किशोरी सम्बाद कार्जक्रम के कर्यालय प्रमुख भिम कुमार राई, सेनियर सम्बाद अधिकृत युराज कार्की, सम्बाद अधिकृत प्रकाश पाण्डे, ई.प्रहरी कार्यालय बुनियाद के प्रहरी ना.नि. नन्दलाल साह, सामाजिक परिचालक सन्जय कुमार महतो लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
युरोपियन युनियन के आर्थिक सहजोग मे नेपाल ग्रामीण पुनर्निर्माण संस्था द्वारा संरक्षण नेपाल एवम चाइल्ड नेपाल के सहकार्य मे संचालित किशोरी सम्बाद कार्जक्रम अन्तरगत किशोर सम्बाद समुह गठन कईल कार्जक्रम के सुपरभाइजर सुनेश्वर प्रसाद साह जानकारी देहनी ।
३० जने किशोरलोग के समुह गठन कईल साह बतवनी ।





