वीरगंज मे एक जने बुढ जनानी के उद्दार

वीरगंज ०१ चईत,

वीरगंज मे करिब एक महिना से अलपत्र अवस्था मे रहल बुढ के उद्दार कईल बा । मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा के टोली घण्टाघर लगे से उनकर उद्दार कईले बा ।

मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा के संरक्षक प्रकाश थारु, देवेश गुप्ता लगायत के टोली बुढ जनानी के उद्दार कईले रहलन ।

हाथ मे घाव भईला के चलते उनका के ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईल बा । इमर्जेन्सी मे प्रारम्भिक ईलाज के बाद अर्थो वार्ड के १२९ नम्बर बेड मे राख के उनकर ईलाज हो रहल सामाजिक अभियन्ता थारु बतवनी ।

अस्पताल मे ईलाज करईला के बाद उनका के मानव सेवा आश्रम मे लिया के राखेके आश्रम के देवेश गुप्ता जानकारी देहनी । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव तथा पुलीस मानव सेवा आश्रम के टोली के सहजोग पुगवले रहनी ।

करिब एक महिना पहिले पुलीस हि उनका के पथलैया से उद्दार करके अस्पताल मे छोडले रहे । अस्पताल मे रेखदेख करेवाला आदमी ना भईला से उ अस्पताल से निकल के गईल नारायणी अस्पतालस्थित प्रहरी बिट जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।