बितल समय मे कईल प्रतिबद्धता पूरा करेम :- मुख्यमन्त्री भट्ट

जनकपुरधाम १ चईत,
धनुषा मे घरेलु दारु पियला के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या १४ पुगल बा ।
जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ७ मुसहर बस्ती मे शुक के रात आ शनिचर के दिने सबेरे करके तीन जने के मृत्यु भईल बा । एकरा से पहिले क्षिरेश्वरनाथ नगरपालिका मे एक हप्ता के समय मे ११ जने के मृत्यु भईल रहे ।
शुक के रात मृत्यु होखेवाला मे बनारसी सदा आ मिथिला सदा बाडन । शनिचर के सबेरे झगरु सदा के मृत्यु भईल बा । ई सभी के उमिर ५० बरीस हाराहारी रहल स्थानीय किशोर साह जानकारी देहनी । उलोग पेटझरी के मरेजी भी रहल स्थानीय प्रशासन जनवले बा ।
एकरा से पहिले क्षिरेश्वरनाथ नगरपालिका वार्ड नम्बर २ रमदैया मे बितल बियफे आ शुक के दिने आठ जने के लहरीला दारु पियाल के चलते मृत्यु भईल रहे । एक जने भेन्टिलेटर मे ईलाज हो रहल बा आ आउर पाँच जने के सामान्य अवस्था मे ईलाज हो रहल बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय धनुषा के मुताविक उलोग महोत्तरी के सितापुर भंगाहा मे उत्पादित घरेलु दारु पियल मिलल बा ।
ओहिसे उहाँ के सात जने के अन्तर जिल्ला समन्वय करके पकड के जरुरी अनुसन्धान सुरु कईल धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रदीपराज कँडेल जानकारी देहनी ।
साथे नागरिक–प्रहरी साझेदारी मे घरेलु दारु नोक्सान करेके अभियान जारी राखल उ बतवनी । “एकरा से पहिले भी जिल्ला मे बेर बेर नागरिक–प्रहरी साझेदारी मे बहुते परिमाण मे अवैध घरेलु दारु नोक्सान कईल गईल रहे । उ अभियान आजु भी जारी राखल बा,” प्रमुख जिल्ला अधिकारी कँडेल कहनी ।






