देश मे परिवर्तन लियावे खातिर जनता के खुन पसिना बहल बा : यादव

प्रभु यादव÷
बारा ०२ चईत,
देश मे परिवर्तण लियावे खातिर जनता के खुन पसिना बहल बा, सभी के अधिकार सुनिश्चित होखे के चाहिँ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के स्थायी समिति सदस्य एवम पुर्व उधोग बाणिज्य आपुर्ति मन्त्री मातृका यादव जनकारी देहले बानी ।
बारा के करैयामाई गाँवपालिका वार्ड नम्वर ४ के भवन बनावेला शिलान्यास करत कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि यादव अईसन जानकारी देहनी । मधेशी दल सता लोभ मे पडके संविधान संशोधन के सम्झौता समस्या होई तब कईल जाई करत जनता के झुठा असवासन मे राखले रहल यादव कहनी ।
गाछ मे फल लागेला त सब पेड निचा चलआवेला सरकार के देखावत जनता बहुमत देलेबा जवना के बुझ के नम्रता के साथ विकास के काम करे के ध्यान आकर्षण करावले रहलन ।
नेपाल मे राष्ट्रपति के जेतना हक बा ओतनही छोट बच्चा के भि रहल कहत राजा चलगईल माकिर अभितक उहे रवई रहल यादव जनकारी देहनी । नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के निर्णय मे चले के आ मानमर्यादा मे रहे के कहत षड्यन्त्र करेवाला के कवनो पद मान्य ना होई यादव कहनी ।
सुशासन मे रह के जनता सब के काम करे के जनप्रतिनिधि लोग के सुझाव देत आपन नाता गोता मे ना अल्झे के यादव निहोरा कईनी ।
धर्म के नाम मे कुछ लोग जनता के भ्रम मे पारेवा काम करेमे लागल बा ओकरा मे ना परे के यादव कहनी । वार्ड कार्यलय के सिह दरबार ना बना के जनता के दरबार बना के भ्रष्टाचार मुक्त काम करे के अध्यक्ष के सुझाव देहनी ।
पूर्व खेलकुद मन्त्री पुरूषोतम पौडेल कार्जक्रम के सम्बोधन करत स्थानिय निकाय मे भ्रष्टाचार बढ गईल बा वार्ड नम्वर ४ मे ओकरा के ना करे के आ जनता के विना भेदभाव के काम करे के आ समस्या समाधान करे के सुझाव देहनी । मानव बानी समाज के हित बुझ के अगाडि बढे के काम कईला से पार्टी के हित होसकता पौडेल कहनी ।
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के केन्द्रीय सदस्य गोपाल ठाकुर भवन बनावेला शिलान्यास कार्जक्रम मे आईल लोग के विदेश मे रहल गारजियन से आपन घर मे रहल माई बाबुजी आ बालबच्चा के सन्देश देहत आईल के झलकावत “रेलगडीया वयरण पिया के ले ले जाये रे” गित से झुमा देहले रहनी ।
दुसर पुर्वी गित “सुन सुन भईया मोरा माई से बहिनिया दिल से सोच, एक ओर पुजल जाले दुसर ओर गर्भ मे मारल जाले बेटीया” से नारी लोग के समाज मे कईसे कईल जाई सन्देश देहत सुसका देहले रहले ठाकुर ।
साधु साह से १५ धुर देहल जमिन पर वार्ड कार्यालय बनावल जाये के जनकारी सभा अध्यक्ष जनवी खातुन जनकारी देहनी ।
करैयामाई गावपालीका वार्ड नमवर ४ के कार्यालय के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा के केन्द्रीय सदस्य दिनेश राई, जयराम दहाल, पूर्व जिल्ला विकास सभापति छठु यादव, प्रभु यादव, धुर्व यादव, वार्ड नम्वर १ के अध्यक्ष सोनालाल साह लगायत के लोग सुभकामना देहले रहनी ।






