साल के दुगो लकडी पकडाईल
प्रभु यादव
बारा ०२ चईत,
बारा के कोल्हबी नगरपालिका वडा नम्बर ४ प्रगतिनगर माझी टोल से नदी के किनार मे घाँस से तोप के राखल अवस्था मे साल के दु गो गुलिया पुलिस पकडले बा ।
पकडाईल लकडी ५.५ फिट गोलाइ आ ४२ इन्च लम्बाइ अउर ५.५ फिट गोलाइ ३८ इन्च लम्बाइ भईल फेकल अवस्था मे २ थान साल के लकडी ईलाका प्रहरी कार्यालय कोल्हबी के प्रहरी निरीक्षक बालिष्टर सिंह के अगुवाई मे पुगल गस्ती टोलि पकडले बा ।
उ पकडाईल लकडी कोल्हवी के सब डिभिजन बन कार्यालय के फरेस्टर रामबली यादव के जिम्मा मे लगावल गईल बा । तामागढी साझेदारी बन ब्यबस्थापन के ट्राक्टर मे लोड कर के पठावल गइल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जानकारी देहले बा ।






