सुवर्ण गाँवपालिका के आठ वाँ विशेष गाँव सभा आ बजेट तथा कार्जक्रम प्रस्तुति भईल

प्रभु यादव

बारा ०८ पुस

बारा के सुवर्ण गाँवपालिका के पहिलका चौमासिक के समीक्षा आ आठ वां विशेष गाँवसभा मे बजेट तथा कार्जक्रम प्रस्तुति सम्पन्न भइल बा ।

आर्थिक बरीस २०७८÷७९ के पहिलका चौमासिक आ आठ वाँ विशेष गाँवसभा मे उपाध्यक्ष बबिता यादव नीति तथा बजेट प्रस्तुत कईले रहनी । गाँपालिका के कुल बजेट ४६ करोड १७ लाख ३१ हजार आठ सय ९९ रोपेया ९२ पईसा रहल जवना मे से पहिलका चौमासिक मे पाँच करोड ८५ लाख ५४ हजार आठ सय ३५ रोपेया ७२ पईसा खर्च कर के १२ दशमलव ६८ प्रतिशत खर्च भईल उपाध्यक्ष यादव जनकारी करावले रहनी ।

चालू खर्च ओर कुल बजेट २८ करोड छव लाख ३१ हजार नव सय ८३ रोपेया १३ पईसा मध्ये चार करोड ७३ लाख ६९ हजार नव सय ८५ रोपेया ७२ पईसा खर्च कर के १६ दशमलव ८७ प्रतिशत आ पुजिगत खर्च ओर कुल बजेट १८ करोड १० लाख ९९ हजार नव सय १६ रोपेया ८० पईसा मध्ये एक करोड ११ लाख ८४ हजार आठ सय ५० रोपेया खर्च कर के ६ दशमलव १७ प्रतिशत खर्च भईल उपाध्यक्ष यादव बजेट तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी ।

गाँपालिका अध्यक्ष महेन्द्र यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रदेश २ के प्रदेश सभा सदस्य बच्चा यादव, संविधान सभा सदस्य रामअयोध्या यादव, गाँवपालिका उपाध्यक्ष बबिता यादव, सभे वार्ड के वार्ड अध्यक्ष, सजपा बारा के उपाध्यक्ष धरमवीर यादव, गाँवपालिका कार्यपालिका सदस्य सब के सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम मे स्वागत प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नवीन श्रीवास्तव के आ सञ्चालन जगत प्रसाद यादव के रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।