सरकार के प्रष्टोक्ति :- कोरोना के कउनो सङ्क्रमण नइखे, जरुरी तइयारी बा

काठमाण्डु २ चईत,

सरकार कोरोना भाइरस डिजिज (कोभिड–१९) से नेपाल मे अभी तक कउनो सङ्क्रमण ना भईल स्पष्ट कईले बा । चीन से फईलल कोरोना के सङ्क्रमण विश्व के १५२ देश मे फईलल आ अभी तक पाँच हजार ८४९ के मृत्यु भइल तथ्याङ्क सार्वजनिक भईला पर भी नेपाल मे ४६४ जने मे परीक्षण कईला पर अभी तक सङ्क्रमित ना मिलल स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्यामन्त्री भानुभक्त ढकाल जानकारी देहनी ।

राष्ट्रियसभा के आजु के बईठक मे सार्वजनिक महत्व के विषय मे वक्तव्य देत स्वास्थ्यमन्त्री ढकाल कोरोना के सम्भावित जोखिम नियन्त्रण के खातिर विशेष सतर्कता अपनावल बतवनी । सङ्घीय सरकार प्रदेश तथा स्थानीय तह के सरकार सँगे प्रभावकारी समन्वय सक्रमण फईले ना देवे खातिर विशेष सतर्कता अपनावल जानकारी देहनी ।

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के मिर्गौला प्रत्यारोपण होखे से पहिले बितल फागुन १८ गते बईठल मन्त्रिपरिषद् बईठक से उपप्रधानमन्त्री ईश्वर पोखरेल के संयोजकत्व मे आठ मन्त्री सम्मिलित अधिकार सम्पन्न समिति गठन कईले बा । उ समिति के एक दिन छोड के बईठक बईठ के कोरोना के सङ्क्रमण रोके खातिर सम्भावित जोखिम न्यूनीकरण के खातिर विशेष सतर्कता के साथ काम अगाडि बढावल सदन के जानकारी देहनी ।

आजु मात्र सातु प्रदेश के मुख्यमन्त्री तथा सामाजिक विकास मन्त्री सहित के बईठक के आयोजना करके केन्द्र से स्थानीय तह तक समन्वय करके एकीकृत स्वास्थ्य सुरक्षा सतर्कता अपनावे के जानकारी देहनी । सरकार कोरोना के सम्भावित जोखिम के ध्यान मे राख के कूटनीतिक बाहेक के सभी प्रवेशाज्ञा आवेवाला वैशाख १८ गते तक के खातिर स्थगन कईल जानकारी देत स्वास्थ्यमन्त्री कम समय के खातिर विदेश अध्ययन मे जाएवाला विद्यार्थी आ विदेश मे काम करे जाएवाला श्रमिक के श्रम स्वीकृति भी बन्द कईल बतवनी ।

अस्पताल के तइयारी
काठमाण्डु मे करीब १७० सघन कक्ष शय्या रहला से काठमाण्डु उपत्यका मे १२० आ उपत्यका बाहर ११५ करके २३५ शय्या थप करेके सरकारी तइयारी बा । सरकार एकरा से पहिले हि अनेकन सरकारी अस्पताल मे करके ११५ आइसोलेसन बेड स्थापना कईल जानकारी देत स्वास्थ्यमन्त्री ढकाल आउर जोखिम के ध्यान मे राख के औषधिमूलो आ औजार सहित व्यवस्था करेके लागल बतवनी ।

कोरोना के सङ्क्रमण नेपाल मे आवे ना देवे खातिर उच्च सावधानी अपनावल जानकारी देत मन्त्री ढकाल पडोसी भारत मे भी ई बेमारी के सङ्क्रमण देखल गईला से सीमा नाका मे आउर सतर्कता अपनावल गईल स्पष्ट कइनी ।

मन्त्री ढकाल विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन के मापदण्डा मुताविक होम क्वारेन्टाइन के व्यवस्था करे खातिर नागरिक के निहोरा कईल तथा कोरोना के हल्ला से बजार मे हरेक दिन उपभोग्य वस्तु मे होखेवाला कमी आ कालाबजारी नियन्त्रण के खातिर जरुरी सजगता के साथ काम कईल जानकारी देहनी ।
चीन के बाद अमेरिका आ युरोप मे फईलल उ भाइरस से भारत मे भी सङ्क्रमित के सङ्ख्या बढत गईला से विशेष सावधानी अपनावे के सरकार से जोड देहल जानकारी उ देहनी ।

नेपाल सँगे सीमा जुडल भारत के प्रदेश मे भी कोरोना सङ्क्रमण देखल गईला से सरकार नेपाल भारत सीमा क्षेत्र के आउर व्यवस्थित बनाके परीक्षण भी शुरु कईल बतवनी । नेपाल के दु पडोसी देश जोडेवाला छोटा बडका करके कूल १२९ नाका मेसे ४३ नाका मे स्वास्थ्यविन्दु स्थापना करके परीक्षण शुरु कईल बा ।

खास करके भारत होत तिसरका देश से नेपाल आवेवाला विदेशी नागरिक के परीक्षण मे विशेष ध्यान देहल गईल आ सीमा क्षेत्र के नागरिक आवागन मे भी परीक्षण करके मात्र जाएवाला किसिम से व्यवस्थापन कईल बा ।

अन्तरराष्ट्रिय सीमा जुडल कूल १२८ स्थानीय तह के २१ बुँदे विशेष परिपत्र कईल मन्त्री ढकाल जानकारी देहनी । उ “सरकार से प्रमुख जिल्ला अधिकारी आ स्वास्थ्यकर्मी के जिल्ला ना छोडे खातिर निर्देशन देहले बा । अस्पताल मे काम करेवाला जोखिमपूर्ण काम करेवाला जनशक्ति के भय आ आतङ्क से बँचेवाला किसिम से काम करेके व्यवस्थापन कईल बा ।”

कूटनीतिक बाहेक आउर प्रवेशाज्ञा रोकल बा । देश भितर अध्ययनरत ५६ लाख विद्यार्थी मेसे ५० लाख विद्यार्थी के परीक्षा इहे चईत ५ गते भितर पुरा होखेवाला किसिम से व्यवस्था मिलावल गईल बा । एहितरे एसइई परीक्षा के खातिर भी सरकार अवस्था के मूल्याङ्कन करके जरुरी निर्णय करेके बतवनी ।

चीन से नेपाली विद्यार्थी लियावे के सन्दर्भ मे सरकार क्वारेन्टाइन के व्यवस्थापन कईल आ ओकरा से सरकार बढिया व्यवस्थापन कईल आमरुप मे स्थापित भईल जानकारी देत सरकार कुछ करतन कि कहके विषय मे मन्त्री ढकाल कहनी कि, “राज्य अभिभावक ह, कुछ बेमार भईला पर भी ईलाज के व्यवस्था करी, ओमे चिन्ता ना लिं ।”

जरुरी दवाई तथा उपकरण के व्यवस्थापन के खातिर विशेष प्रयत्न कईल उल्लेख करत स्वास्थ्यमन्त्री ढकाल कउनो भी कमी होखे ना देवेके स्पष्ट कइनी ।

बईठक मे स्वास्थ्यमन्त्री के वक्तव्य उपर सांसद रामनारायण बिडारी, प्रकाश पन्थ, कोमल वली, अनिता देवकोटा, विमला पौडेल लगायत कोरोना के सङ्क्रमण नियन्त्रण के खातिर सरकारी निकायबीच समन्वय, सेल्फ क्वारेन्टाइन आ कालोबजारी नियन्त्रण के बारे मे सरकार के तइयारी के बारे मे सवाल कईले रहनी ।

सन् २०१९ डिसेम्बर से चीन के वुहान से फईलल कोरोना के चलते ४६ देश के नागरिक के मृत्यु भईल बा । एकरा से विश्व के १५२ देश के कूल एक लाख ५६ हजार आदमी प्रभावित भईल बाडन । अभी तक पाँच हजार ८३९ जने के निधन भईल बा । सङ्क्रमित मेसे ७५ हजार ९३७ ईलाज के बाद घर फिर्ता भईल बाडन । विश्व के ७४ हजार ९९० जने कोरोना के सङ्क्रमण मे बाडन ।

मरेजी मेसे ९२ प्रतिशत सामान्य रहला पर भी आठ प्रतिशत जोखिम मे बा । मृत्यु के हिसाब से ८० बरीस से उपर के आदमी मेसे १४.८ प्रतिशत बा । अन्तरराष्ट्रियस्तर मे क्यानडाली प्रधानमन्त्री के श्रीमती, अष्ट्रेलियाली गृहमन्त्री, बेलायती स्वास्थ्यमन्त्री तथा इरानी उपराष्ट्रपति आ स्वास्थ्य राज्यमन्त्री सङ्क्रमित भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।