करैयामाई गाँवपालिका के १० वां गाँव सभा पुरा

प्रभु यादव
बारा ०९ फागुन
बारा के करैयामाई गाँवपालिका के १० वाँ गाँव सभा पुरा भईल बा ।
गाँव सभा मे ९ वाँ सभा से आईल योजना सब के नाम बदल के दुसर योजना बनावल गईल जवना के उपाध्यक्ष चित्ररेखा चौघरी पढ के सभा के सदस्य सब के सुनावले रहनी । गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जननिर्वाचित लोग निर्माण के काम सब अधिक योजना बनावले रहल माकिर शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि लगायत के योजना सब अन्तरिक स्रोत से चलावे के व्यवस्था करहल जनकारी करावले रहनी ।
कार्जक्रम के अध्यक्षता गाँवपालिका के अध्यक्ष भुनेश्वर धामी के रहे आ सञ्चालन योजना अधिकृत विरेन्द्र कुशवाहा के रहल जवना मे सभी वार्ड अध्यक्ष, सदस्य आ संचारकर्मी लोग के सहभागिता रहल रहे ।






