वीरगंज मे अब से ध्वनि प्रदूषण करे ना मिली

वीरगंज ०४ चईत,

हर्न आ प्लाष्टिक निषेधित क्षेत्र घोषणा करके कार्यान्वयन होखे ना सकल वीरगंज महानगरपालिका फेनु दोसर निर्णय कईले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका मे मंगर के दिने बईठल बईठक से जथाभावी ध्वनि प्रदूषण करे ना देवेके निर्णय कईले बा ।
रात के १० बजे से सबेरे ६ बजे तक कउनो किसिम के ध्वनि प्रदूषण करे ना मिलेके निर्णय कईल नगरप्रमुख बिजय कुमार सरावगी जानकारी देहनी ।

‘महानगरपालिका ध्वनी प्रदूषण करे ना मिलेवाला किसिम से ऐन एकरा से पहिले हि लिआईल बा । राजनीतिक पार्टी, प्रशासन लगायत सरोकारवाला सँगे छलफल करके कडाइ के साथ कार्यान्वयन करेके खोजल गईल बा ।’
उ बेसी आवाज मे वियाह उत्सव मे डिजे घुमावे ना मिलेके आ प्रेसर हर्न बजावेवाला के कारबाही करेके बतवनी ।

बईठक से महानगर भितर सञ्चालित सभी डिजेसब के अनिवार्य रुप मे दर्ता करावेके, सार्वजनिक स्थान, तथा सडकसब मे बिज्ञापन, वियाह, आदि मे बेसी आवाज मे स्पिकर तथा डिजे बजावे ना देवेके, दोकान मे बेसी आवाज मे म्युजिक बजावे ना मिलेके महानगरपालिका जनवले बा । कउनो भी कार्जक्रम मे लाउड स्पिकर के प्रयोग करेके पडला पर महानगरपालिका से पूर्व स्वीकृति लेवेके निर्णय भी बईठक मे भईल बा ।

बईठक मे पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित कुमार बस्नेत, प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त लगायत के उपस्थिती रहल रहे । माकिर ई निर्णय कार्यान्वयन होखेमे नागरिक समाज आशंका व्यक्त कईले बाडन । उलोग महानगरपालिका वितल समय मे भी हर्न आ प्लाष्टिक झोरा निषेध करके कायान्वयन करे ना सकला से ई निर्णय कार्यान्वयन होखेमे आशंका व्यक्त कईले बाडन ।

अईसन निर्णय बारम्बार हो रहल माकिर कार्यान्वयन ना होरहल वीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाईं बतवनी । ‘पहिला हर्न निषेध आ प्लाष्टिक निषेधित क्षेत्र घोषणा कईल रहे रहे माकिर कार्यान्वयन नइखे भईल । वीरगंज के अवस्था कोलाहाल आ प्रदुषण युक्त हि बा ।’ कहत चौगाईं ‘पुजा, पाठ, मेला महोत्सव वियाह ब्रतबन्ध के नाम मे ध्वनि प्रदूषण से नगरबासी पिडित बाडन, निर्णय करके मात्र ना होखी कार्यान्वयन होखेके पडिल’ कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।