१३ गो ट्रक मे रहल ५ हजार ४६० बोरा पोटास पुलीस पकडलख
१३ गो ट्रक मे रहल ५ हजार ४६० बोरा पोटास पुलीस पकडलख

प्रभु यादव
बारा ०४ माघ
वीरगंज से पूर्व के राजविराज, विर्तामोड आ विराटनगर ओरी जा रहल १३ गो ट्रक मे लोड कईल ५ हजार ४६० बोरा कृषि उपज मे प्रयोग करेवाला पोटास पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा । पोटास के बजार मूल्य ८७ लाख रहल पुलीस जनवले बा ।
एमएस किसान ट्रेडर्स भारतीय कम्पनी के उ पोटास खाद बारा के निजगढ आ पथलैया से नियन्त्रण मे लेहल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक दिधराम न्यौपाने बतवनी । शंकास्पद पोटास राजस्व छलके बाहर लेजारहल सूचना मिलला के बाद बुध के दिने रात बरामद कईल उ बतवनी । उनका मुताविक करिब ११ बजे निजगढ से ८ आ पथलैया से ५ गो ट्रक नियन्त्रण मे लेके कारबाही के प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल पुलीस जनवले बा ।






