नेकपा नेता साह के मातृ शोक

वीरगंज ०४ चईत,

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के नेता बलिराम साह के मातृ शोक पडल बा । पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. २ गदियानी निवासी नेता साह के ममतामयी माई श्रीपती देवी के मंगर के सँझिया करिब ५ बजे मृत्यु भईल रहे ।

नेकपा जिल्ला कमिटी सदस्य साह के ७९ बरीस के माई के वीरगंज पानीटंकी स्थित एस.एल.न्युरो हस्पिटल मे असमायिक निधन भईल परिवारजन बतवले बाडन ।

बिहान बुध के दिने सबेरे ९ बजे निजि निवास गदियानी स्थित आर्यघाट मे अन्त्येष्टि करेके परिवारिक स्रोत जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।