वीरगंज से ६ लाख मूल्य के भन्सार छली के सामान बरामद

वीरगंज १५ पुस

सशस्त्र पुलीस वीरगंज से ६ लाख मूल्य बराबर के भन्सार छली के सामान बरामद कईले बा ।

लत्ता कपडा, प्याज, लसुन तथा समान ढुवानी मे प्रयोग कईल मोटरसाइकल बरामद कईल सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल नं १३ गण हेडक्वाटर पर्सा जनवले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका–१५ बसपार्क आ वीरगंज–१४ गण्डक चोक से भन्सार छली करके अवैध रुप मे भारत से नेपाल ओरी लिया रहल लत्ता कपडा, प्याज, लसुन तथा मोटरसाइकल बरामद कईल गण के सूचना अधिकारी सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक दिपेन्द्र थापा जानकारी देहनी ।

बरामद कईल सामान वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक जीवन मल्ल ठकुरी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।