प्रदेश–२ मे एसइई के सभी तइयारी पुरा

वीरगंज ०४ चईत,
प्रदेश २ के आठ गो जिल्ला मे आवेवाला चईत ६ गते से होखेवाला माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसइई) के सभी तइयारी पुरा भईल प्रदेश शिक्षा विकास निर्देशनालय जनवले बा । पहिलका बरीस प्रदेश–२ मे परीक्षा से पहिले प्रश्नपत्र बाहर अईला के बाद ई बरीस सुरक्षा व्यवस्था बहुते कडा बनावे के निर्देशनालय के निर्देशक चुडामणि फुयाँल बतवनी ।
सञ्चारकर्मी से बात करत “प्रश्नपत्र भण्डारण करेवाला जगहा सुरक्षा घेरा भितर रहेके, टिन के बाकस भितर प्रश्नपत्र राखेके तथा ओकर चाभी सम्बन्धित जिल्ला के सुरक्षा प्रमुख सँगे रहेके व्यवस्था मिलावल गईल बा ।”
निर्देशक फुयाँल उत्तरपुस्ति के प्रदेश नम्बर–२ के सभी परीक्षा केन्द्र मे पुगल बा आ प्रश्नपत्रसब आजु से परीक्षा केन्द्र मे रहल सुरक्षा निकाय के जिम्मा लगावेके बतवनी । ई बरीस प्रदेश–२ के आठ जिल्ला मे ७२ हजार ८३९ परीक्षार्थी सहभागी होखिहें ।
आठ गो जिल्ला मे २६७ परीक्षा केन्द्र तोकल गईल बा, ई बरीस सबसे बेसी धनुषा से ११ हजार ३९३ आ सब से कम रौतहट से सात हजार ७०५ परीक्षार्थीलोग के सहभागिता रहल बा ।
प्रदेश–२ के राजधानी जनकपुरस्थित शिक्षा विकास निर्देशनालय के मुताविक ई बरीस सप्तरी से ९ हजार १४० सिराहा से १० हजार १३१, धनुषा से ११ हजार ३९३, महोत्तरी से आठ हजार ३२९, सर्लाही से १० हजार ५८, बारा से आठ हजार २४, रौतहट से सात हजार ७०५ आ पर्सा से आठ हजार ५९ परीक्षार्थी के सहभागिता रही ।
एहितरे सप्तरी मे ३४, सिराहा मे ३९, धनुषा मे ४३, महोत्तरी मे ३०, सर्लाही मे ३५, रौतहट मे ३०, बारा मे ३२ आ पर्सा मे २४ परीक्षाकेन्द्र तोकल गईल बा । ई बरीस के एसइई परीक्षा के मर्यादित बनावे खातिर सभी परीक्षाकेन्द्र के पत्राचार कईल बा आ कउनो केन्द्र अमर्यादितरुप मे परीक्षा सञ्चालन कईल मिलला पर ओइसन केन्द्र के केन्द्राध्यक्ष आ परीक्षा केन्द्र मे खटेवाला कर्मचारी के कडा कारवाही करेके निर्देशनालय जनवले बा ।
पहिलका बरीस परीक्षा से पहिले दु विषय के प्रश्नपत्र बाहर अईला के बाद प्रदेश–२ मे २ विषय के पुनःपरीक्षा लेहल गईल रहे । परीक्षा से पहिले प्रश्नपत्र बाहर निकलल विरोध मे प्रदेश–२ मे विद्यार्थी प्रदर्शन करत सार्वजनिक सम्पत्ति तोडफोड भी कईले रहलन ।






