सशस्त्र आ नेपाल पुलीस के सेटिङ्ग मे पर्सा के जगरनापुर मे लागेवाला पशुहाटबजार मे तस्करी के पाडा भईंस पुगरहल

मेघराज राय

जिराभवानी १० भादो

पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र से सेटिङ्ग करके पाडा, भईस के तस्करी बढल बा । पुलीस प्रशासन के मिलीभगत मे खुल्लेयाम भारत से नेपाल मे पाडा, भईस के तस्करी हो रहल समाचार बा ।

तस्करलोग भारत के अनेकन जगहा से भईस पडा किन के पुलीस से समन्वय करके सँझिया बोर्डर पार करा रहल स्थानिय प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन । पर्सा के आस्वारी, पिडारी गुठि, पाण्डेपुर, दसावता, जानकीटोला गाँव मे लिया के राखेलन आ रात के १० बजे के बाद उहाँ से जगरनाथपुर के पशुहाटबजार ओरी पठावेके काम हो रहल जनावल गईल बा ।

सशस्त्र पुलीस आ नेपाल पुलीस आपन आपन क्षेत्र मे कडा निगरानी बढावल दाबी करत अईला पर भी पर्सा जिल्ला के सीमा नाका मे पडेवाला जानकीटोला, आस्वारी, पिडारीगुठी, पाण्डेपुर, दसावता नाका से रात के समय मे खुल्लेयाम तस्करी हो रहल जनावल गईल बा ।

पर्सा जिल्ला के जानकीटोला, आस्वारी, पिडारीगुठी, पाण्डेपुर के नाका होत हरेक दिन १०० से ३०० के संख्या मे पाडा भईस अबैध तरिका से नेपाल लियाके जगरनाथपुर बजार तक पुग रहल एक व्यपारी नाम ना छापेके शर्तमे बतवले बाडन । सशस्त्र पुलीस आ नेपाल पुलीस के कुछ कर्मचारी मोटकस पईसा लेके स्कटिङ्ग भी कर रहल रहस्य खुलल बा ।

सीमा नाका से जगरनाथपुर के बजार तक पुलीस के निगरानी आ स्कटिङ्ग मे पाडा भईस पुगावल जा रहल समाचार श्रोत के दाबी रहल बा । पाण्डेपुर चौकी के ईन्चार्ज, आस्वारी चौकी के इन्चार्ज असई बिजय मिश्रा, जानकीटोला इप्रका (ख) के इन्चार्ज कुल बहादुर कुँवर, पिडारीगुठी के इन्चार्ज असइ बिरेन्द्र साफी आ सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोस्ट पिडारी के इन्चार्ज सइ शेर बम रहल बाडन । पाडा आ भईस बोर्डर पार करावे खातिर चौकी इन्चार्ज आ सशस्त्र पुलीस के प्रती भईस १ हजार आ प्रती पाडा ४५० देके तस्करी करा रहल नाम ना छापेके सर्त मे एक ब्यापारी बतवले बाडन ।

आस्वारी, जानकीटोला, पिडारीगुठी आ पाण्डेपुर नाका से पाडा भईस के लाईन चलावेवाला सगिर, बहिरा, नाम के महादेव यादव आ ओसिम अन्सारी लगायत के व्यापारीलोग रहल बाडन । जानकीटोला नाका से ब्रोइलर मुर्गामुर्गी के भी तस्करी हो रहल बा ।

जानकीटोला नाका से शेषनाथ नाम के तस्कर मुर्गामुर्गी के लाईन चला रहल विषय जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा तक फुन मार्फत जानकारी करईला पर भी तस्करी रुके ना सकल स्थानीयलोग बतवले बाडन । भारतीय खुकुरा अवैध रुप मे तस्करी करके ग्रामिण बजार चौकसब मे लियारहला के चलते नेपाली खुकुरा व्यवसायी समस्या मे पडल बतवले बाडन ।

मुर्गामुर्गी तस्करी करके लिया रहल एक जने व्यापारी से तस्करी के विषय मे बुझला पर हमर साहु शेषनाथ ईप्रका ख जानकीटोला के इन्चार्ज सई कुल बहादुर कुँवर के महिनावारी बुझा के लिआरहला से कउनो रोकटोक ना कईल प्रस्ट कईले रहलन ।

एहितरे जानकीटोला नाका से किराना आईटम, कपडा, हड्वेयर, मोटर पार्ट्स, मल, लगायत अनेकन किसिम के सामान के तस्करी हो रहल स्थानीयलोग बतवले बाडन ।

स्रोत के मुताविक प्रदेश से पर्सा के खातिर असई के कमाण्ड मे एक जने हवल्दार आ एक जने जवान सिपाही करके ३ जने पर्सा मे खटल बाडन आ जिल्ला से क्राईम टोली भी खटावल गईल बा ।

बोडर के एरिया मे सिमा चौकीबस भी बा माकिर सभी निकाय खटला पर भी तस्करी ना रुकला से पुलीस प्रशासन के हि सेटिङ्ग मे तस्करी हो रहल सहजे बुझल जा सकता ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक बेल बहादुर पाण्डे केतनो कडा निगरानी बढावे खातिर निर्देशन देहला पर भी उनके मातहत मे रहल कुछ इन्चार्जलोग कुछ पईसा के लोभ मे परके आदेश मानेमे अटेरी कर रहल बुझल गईल बा ।

माकिर प्रहरी उपरीक्षक पाण्डे खुद के तस्करी के बिसय मे जानकारी ना भईल कहत खुद तत्काल उ क्षेत्र के इन्चार्जलोग के तस्करी रोके खातिर कडा निर्देशन देवेके आ खुद भी उ क्षेत्र मे अनुगमन करे जाएके बतावत ओईसन मिलला पर चौकी इन्चार्ज के कडा कारवाही करेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।