ग्यास आवेवाला मुख्य नाका मे ग्यास के कमी

वीरगंज ०६ चईत,

पिछिलका समय बढत गईल घाम के प्रवाह ना करके वीरगंज छपकैया के संजुदवी ग्यास के खातिर लाइन मे बईठल रहली ।

छपकैया से ग्यास लेवे खातिर उ पानीट्यांकी आईल रहली । नियमित ग्यास लेवेवाला दोकान के सञ्चालक ग्यास नइखे कहला के बाद उ बियफे के दिने सबेरे १० बजे से हि पानीट्याङकी स्थित एक डिलर अगाडी लाइन मे बईठल रहली ।

“हरदम लेवेवाला जगहा मे ग्यास नइखे आ आरीपाछि रहल आउर दोकान मे पुछला पर ओइसने जवाफ आईल, ओहिसे इहाँ ग्यास लेवे आईल बानी,” कहके बतवनी ।

वीरगंज प्रतिमाचोक के दिनेश सुवेदी भी ग्यास के लाइन मे रहनी । “घर मे ग्यास ओराईल बा, माकिर हरदम लेत आईल दोकान मे ग्यास नईखे,” कहत सुवेदी, “ओहिसे इहाँ ग्यास मिली कि कहके लाइन लागल बानी ।”
वीरगंज पानी ट्याङकीस्थित मिखा ट्रेडर्स अगाडि बियफे के दिने ग्यास के खातिर लम्हर लाइन लउकत रहे ।

ट्रेडर्स के नियमित ग्राहक मात्र ना, वीरगंज महानगरपालिका अनेकन जगहा से मनोज ग्यास के खातिर उपभोक्ता लाईन लागल रहनी । ग्यास के लाईन से मधेस आन्दोलन आ नाकाबन्दी के झल्को देत रहे ।
मनोज ग्यास मात्र ना, वीरगंज मे अभी आउर ग्यास भी उपभोक्ता से सहज रुप मे मिले नइखे सकल ।

सरकार ग्यास के आपूर्ति नियमित हो रहला बतवला पर भी बजार मे ओकर उलटा अवस्था बा । ग्यास आवेवाला प्रमुख नाका वीरगंज मे भी उपभोक्ता ग्यास ना मिलला से समस्या भोगेमे बाध्य बाडन ।

सामान्य अवस्था मे घर मे हि ग्यास पुगावेवाला डिलर ग्यास नइखे कहे लागल उपभोक्ता बतावेलन । “दोकान मे उतारते मातर ग्यास गायब होरहल बा ।” एक उपभोक्ता परिचय ना खुलावे के शर्त मे बतवनी ।
वीरगंज– ११ श्रीपुर के कृष्ण साह दु घण्टा लाइन मे रहला के बाद अबगे एगो सिलिण्डर ग्यास मिलल बतवनी ।

कोभिड–१९ के संक्रमण रोके खातिर सरकार से “लकडाउन” करे सकेके हल्ला चलला के बाद कैयनलोग मौज्दात रखले बाडन । जउना के चलते भी नियमित रुप मे उपभोक्ता के ग्यास मिले नइखे सकत । पईसा रहल लोग एके परिवार के खातिर ४÷५ गो ग्यास सिलिण्डर मौज्दात राखल उपभोक्ता के सिकाईत बा ।

वीरगंज मुर्ली के विष्णु दहाल उपभोक्ता ग्यास मौज्दात राख के भी समस्या खडा भईल बा । “कोरोना के चलते लकडाउन होखेके हल्ला बा, आदमीसब जरुरत मुताविक लेगईला से होखित । बहुतेलोग बेसी रखले बाडन,” दहाल बतवनी ।

माकिर ग्यास बिक्रेता महासंघ के उपाध्यक्ष एवं मिखा टेडर्स के सञ्चालक गणेशमान श्रेष्ठ उपभोक्ता के कडा घाम मे ग्यास के लाईन मे राखल मन ना होके बाध्यता रहल बतवनी । “दोकान मे ग्यास रहित त सबेरे उपभोक्ता के घर घर मे पुगावल जाईत । उद्योग से माँगल जेतना ग्यास समय मे हि नइखे पठावत ।

घर मे हरल दोकान मे उपभोक्ता कउनो भी समय मे ग्यास माँग के हैरान कईला के बाद उ गेट मे ग्यास वितरण करेके समय सहित के सूचना हि सटले बाडन । “दोकान बन्द बा आ दुवारी ना ढक ढकाई, सभ्य होके परिचय दि, ग्यास अईला पर वितरण कईल जाई ।

सबेरे १० बजे से ११ः३० बजे तक आईं ।”
मिखा ट्रेडर्स के मात्र नियमित ग्राहक दैनिक १ सय ६० के हाराहारी मे रहला पर भी उद्योग बेसी मे १ सय गो सिलिण्डर पठारहल उनकर कहनाम बा ।

प्रशासन नेपाल ग्यास नारायणी बाहेक आउर ग्यास बजार मे नियमित आपूर्ति हो रहल दाबी कईले बा । प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुबहादुर कार्की नेपाल ग्यास बाहेक आउर ग्यास के बजार मे कमी ना रहल बतवनी ।

“नेपाल ग्यास बजार मे ना भईल आयल निगम हि स्वीकार कईले बा, मनोज ग्यास के माग हि बेसी भईला से कुछ कमी देखल गईल होखी, बारा आ जगदम्बा के कमी नइखे,” कहत प्रजिअ कार्की, “फिरभी सिकाईत आ रहल बा, आयल निगम के सँझिया ५ बजे तक प्रतिवेदन बुझावे के कहले बानी ।”

डिलर सञ्चालक के बोला के ग्यास पारदर्शी तरिका से वितरण करे खातिर निर्देशन देहल आ कालाबजारी भईल ना भईल अनुगमन के तइयारी हो रहल उनकर कहनाम बा । उल्था ः अनलाईन

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।