अप्रवासी हकहित संजाल बारा प्रमुख जिल्ला अधिकारी के बुझवलख ज्ञापन 

प्रभु यादव

बारा ०४ पुस

बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर कटुवाल मार्फत प्रधानमन्त्री कर्यालय लगायत मे आप्रयासी हकहित संजाल ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

अप्रवासी हकहित संजाल बारा के अध्यक्ष रूद्र प्रसाद खतिवडा के अगुवाई मे पुगल टोली प्रमुख जिल्ला अधिकारी कटवाल के जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे पुग के ज्ञापन पत्र बुझावले रहलन । प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रीपरिषद के कार्यालय, श्रम रोजगार तथा सामाजिक सुरक्षा मन्त्रालय आ बैदेशिक रोजगार विभाग काठमाण्डु के कार्यालय मे पुगावेला जिल्ला प्रशासन कार्यालय मार्फत ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

ज्ञापन पत्र मे नेपाल मे रोजगारी ना भईला से हरेक बरीस चार से पाँच लाख के हाराहारी मे विदेशी रोजगारी मे जारहल बा । विदेश मे रहल रोजगार युवा लोग के पेठावल रकम से देश के आर्थिक बरीस मे एक चौथाई सहजोग कर रहल जनकारी करावल गईल बा । विदेश से सीप सिख के आईल ज्ञान आ अनुभव देश के खातिर सहयोग रहल बा ज्ञापन पत्र मे उल्लेख कईल गईल बा ।

विदश से दिनहु तीन से चार जने के लास आरहल दुसर पक्ष अवस्था रहल जनकारी करावल गईल बा । नेपाल सरकार बैदेशिक रोजगार नीति २०६८ के अनुसार नीति कानुन नियम मापदण्ड अगाडि बढा रहल बा । स्थानिय सरकार संचालन ऐन २०७४ के परिच्छेद ३ धारा ११ के उपधारा २ (थ) मे वैदेशिक रोजगार क्षेत्र मे व्यवस्थीत मर्यादित उपलब्धिमुलक बनावेला स्थानिय सरकार जिम्मेवार रहल ज्ञापन पत्र मे लिखल बा ।

वैदेशिक रोजगार मे गईल लोग के आप्रवासी हकहित संजाल आपन जिम्मेवारी रहल जनकारी करावले बा । स्थानिय सरकार से निम्न माग राख के ज्ञापन बुझावले बा । कृषि क्षेत्र मे योगदान करे के खातिर बुन्दागत रूप मे माग कईले बा ।

वैदेशी रोजगार से फिर्ता आईल लोग के छुटे काम के व्यवस्था करे के माग कईले बा । वैदेशीक रोजगार मे आईल लोग के ज्ञान सीप के व्यावस्था के उपलब्धि आ वातावरण मिला के काम देवे के जनकारी करावले बा । विदेश जाएवाला के परिवार के मृत्यु भईल पर विशेष सहजोग करे के लगायत सब माग सब राख के ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।