सिमरा मे रास्ता पर हेल्प डेस्क

प्रभु यादव

बारा ०६ चईत,
बिश्वभर कोरोना के डर फइलल समय मे नेपाल मे भि उच्च सतर्कता राखल जनावल गईल बा ।
बारा के सिमरा मे वियफे के दिन सबेरे से मुख्य रास्ता मे ‘हेल्प डेस्क’ राख के कोरोना बिरुद्ध सचेतना आ सुरक्षा अभियान शुरु कइले बा ।

जितपुर सिमरा के वार्ड नम्बर १ आ २ के जनप्रनिधि लोग से सहजोग कक्ष स्थापना कईल गईल बा । रास्ता के किनार मे आवतजावत करेवाला लोग आ गाडी से उतरल लोग सब के लक्षित कर के कोरोना बिरुद्ध के अभियान शुरु कईल गईल जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के कार्यपालिका सदस्य शोभा कार्की बतावले बाडी ।

डेस्क मे हाथ धोवा के सेनेटाइजर लिक्विड सहित थर्मास्क्यान मेसिन से डाक्टर लोग के टोली सब के सहजोग मे पैदल चलनिहार लोग के चेकजाँच शुरु कईल गईल बा ।

कोरोना के बिरुद्ध मे सरसफाई अभियान घरघर से शुरु कर के सचेत बने के खातिर चेतना पुगावेला डेस्क के सहयोग होई वडा नम्बर १ के जनप्रतिनिधि रामचन्द्र लामा आपन बात बतावले बानी ।

रास्ता मे हेल्प डेस्क के राख के कईल जारहल चेकजाच आ हात धुवावेवाला काम से स्थानिय लोग मे सचेतना मिलल आ आपने करे के स्थानिय लोग के कहनाम रहल बा ।
स्थानिय जगह मे चेक जाँच भईला से बाहर से कोरोना भाइरस लेके आवेवाला पतालगला से ना फईल सकत बा विश्वास रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।