लोकतन्त्र मे मात्र सभी के अधिकार सुनिश्चित होखी : सभापति देउवा

काठमाण्डु ११ वैशाख

नेपाली काँग्रेस के सभापति एवं पूर्वप्रधानमन्त्री शेरबादुर देउवा लोकतन्त्र मे मात्र सभी के अधिकार सुनिश्चित होखेवाला भईला से एकर रक्षार्थ सभी के सजग होखे खातिर निहोरा कईले बानी ।

लोकतन्त्र दिवस के अवसर मे आजु उ एक सन्देश जारी करत देश मे लोकतन्त्र के स्थापना आ पुनस्र्थापना के खातिर वितल समय मे कईल लोकतान्त्रिक आन्दोलनसब मे आपन प्राण के आहुती देवेवाला सभी शहीदलोग के समर्पण, साहस आ बलिदान के हम स्मरण करत उलोग उपर श्रद्धाञ्जलि अर्पण कईले बानी ।

विसं २००७ पहिले से प्रारम्भ भईल सङ्घर्ष के पृष्ठभूमि मे निरंकुश राजतन्त्र के अन्त्य आ पूर्ण लोकतन्त्र बहाली के खातिर विसं २०६२÷६३ मे राजनीतिक दलसबद्वारा सञ्चालित ऐतिहासिक जनआन्दोलन से विसं २०६३ वैशाख ११ गते देश मे एक युगान्तकारी परिवर्तन लिआईल रहे । ई दिन के सभी से गौरव के साथ स्मरण करत हरेक बरीस लोकतन्त्र दिवस के रूप मे मनावत आईल बा ।

सभापति देउवा वर्तमान सरकार देश कोरोना भाइरस के चलते लकडाउन के अवस्था मे रहल समय संवैधानिक परिषद् आ राजनीतिक दल सम्बन्धी दु अध्यादेश लिया के संविधान के मूल मर्म आ लोकतान्त्रिक मूल्य मान्यता के उल्लङ्घन करत लोकतन्त्र के कमजोर बनावेवाला खेल मे उद्यत होखे लागल आरोप लगवले बानी ।

लोकतन्त्र के आघात पुगावेवाला ई काम के सभी से भत्र्सना करेके उल्लेख करत उ अध्यादेश तत्काल फिर्ता लेवे खातिर फेनु निहोरा कईले बानी ।

सभापति देउवा उहे दिवस के अवसर मे वीर योद्धासब के साहस, सङ्कल्प आ बलिदान के धरोहर के रूप मे स्थापित लोकतन्त्र के कमजोर होखे ना देहल जाई कहके प्रण करे खातिर सभी से आह्वान कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।