कोभिड १९ : राज्यव्यवस्था समिति बईठक स्थगित

काठमाण्डु ६ चईत,

‘सङ्घ, प्रदेश आ स्थानीय तहबीच के अन्तरसम्बन्ध व्यवस्थित करेके सम्बन्ध मे व्यवस्था करे खातिर बनल विधेयक, २०७५’ उपर छलफल के खातिर आजु बईठल प्रतिनिधिसभा, राज्य व्यवस्था तथा सुशासन समिति के बईठक स्थगन भईल बा ।

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के रोकथाम तथा नियन्त्रण उच्चस्तरीय समन्वय समिति के बुध के निर्णय मुताविक २५ जने से बेसी भेला होखे ना होखे खातिर सहभागी सङ्ख्या बेसी भईल कहत सांसदलोग सवाल उठईला के बाद आजु बईठक कुछ देर चलके स्थगन कईल बा ।

समिति से बुध के दिने कईल निर्णय नं ३ मे जरुरी काम बाहेक आवातजावत ना करेके, सांस्कृतिक, सामाजिक कार्जक्रमसब ना करेके आ ओइस्न कामसब पार्टी प्यालेस, मठ–मन्दिर, गुम्बा, मस्जिद, चर्च जईसन धार्मिक आ सार्वजनिक स्थलसब मे २५ जने से बेसी भेला बन्द करेके आ उ विषय के अनुगमन गृह आ संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयन मन्त्रालय से करेके उल्लेख बा ।

बईठक के शुभारम्भ मे नेपाली काँग्रेस के सांसद दिलेन्द्रप्रसाद बडू सरकार के उच्चस्तरीय समन्वय समिति से भी बेमारी के रोकथाम के खातिर कहके भेला होखेमे रोक लगावल अवस्था मे बईठक बईठरहला के औचित्य ना होखेके बतवनी ।

समिति के सभापति शशी श्रेष्ठ ओकरा उपर गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल जनावत पूर्व निर्धारित कार्जक्रम भईल आ संसद् स्थगित ना भईल अवस्था रहल कहत बईठक सञ्चालन कईले रहनी ।

ओकरा बाद उ विधेक उपर संसोधन प्रस्ताव प्रस्तुत करेवाला नेपाली काँग्रेस के सांसद पुष्पा भुषाल आ नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के सांसद विन्दा पाण्डे संशोधन प्रस्ताव राखला के कारण के बारेमे समिति मे जानकारी करवले रहनी । उलोग गम्भीर प्रकृति के विधेयक भईला से विधेयक के हरेक दफा के छलफल करेके सुझाव प्रस्तुत कईले रहनी ।

समिति के बईठक मे ४० जने से बेसी भईला के बाद फेनु जरुरी के विषय कहत सांसद बडू बईठक सञ्चालन कर रहला पर सरकार के निर्णय विरुद्ध होखेके कहत फेनु समिति के ध्यानाकर्षण करवले रहनी ।

उनकर कहनाम मे आउर कुछ सांसदलोग से समर्थन जनवले रहनी । ओकरा बाद समिति के सभापति श्रेष्ठ बईठक स्थगन भईल घोषणा कईले रहनी ।
उ विधेयक विसं २०७६ वैशाख ४ गते राष्ट्रियसभा मे दर्ता भईल रहे । राष्ट्रियसभा के प्रतिवेदनसहित विधेयक प्रतिनिधिसमा मे दफावार छलफल के खातिर आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।