पत्रकार महासंघ कोभिड एक्सन टिम पर्सा के पहिलका बईठक पुरा

वीरगंज १७ बैशाख

नेपाल पत्रकार महासंघ कोभिड एक्सन टिम पर्सा के पहिलका बईठक पुरा भईल बा । आवाज एफएम मे आजु सबेरे बईठल बईठक से कोरोना महामारी मे पर्सेली पत्रकारलोग के हकहित के खातिर अनेकन निर्णय कईले बा ।

बईठक से दुसरका चरण के कोरोना महामारी मे संक्रमित होखेवाला सन्चारकर्मी के ईलाज तथा कोभिड के चलते होखेवाला अनेकन समस्या के ध्यान मे राख के राहत, उद्धार तथा सहजोग करेके, स्वास्थ्य सामान जुटाके वितरण करेके, पत्रकारलोग के सुरक्षित होके समाचार संकलन करेके निहोरा सहित के निर्णय कईले बा । एहितरे कोरोना महामारी मे कोभिड एक्सन टिम मे जरुरी देखल गईल अनेकन पेशा आ क्षेत्र के आदमीसब के सल्लाहकार के रुप मे मनोनयन कईले बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के कोषाध्यक्ष एव नेपाल पत्रकार महासंघ कोभिड एक्सन टिम के संयोजक संजिव मिश्रा के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से उ समिति मे पर्सा के बरिष्ठ पत्रकार गोविन्द देवकोटा, वडा प्रहरी कार्यालय वीर्ता के प्रहरी निरिक्षक राजेशराज पुरी, नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिडेन्ट डा.संजय ठाकुर, नारायणी वयोध्या अस्पताल मे कार्यरत डा.अशोक यादव, स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के स्वास्थ्य निरिक्षक जयमोद ठाकुर, समाजिक कार्यकर्ता तबरेज अहमद, पत्रकारद्धय आरोहण साह आ उर्मीला सापकोटा के सल्लाहकार मे मनोनयन कईल बा ।

समिति मे मनोनयन भईललोग कोरोना संक्रमण से पत्रकारलोग के होखेवाला समस्या मे सहजोग, परामर्श आ सल्लाह सुझाव देवेके नेपाल पत्रकार महासंघ कोभिड एक्सन टिम पर्सा जनवले बा । बईठक मे नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के महासचिव श्याम बन्जारा, पर्सा शाखा के सचिव भूषण यादव, कोभिड एक्सन टिम के अजय चौरसिया, कबिता खडका, तिवारी यादव, श्याम कुशवाहा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।