कालिकामाई आ सखुवाप्रसौनी सरकार के निर्देशन के अटेरी कईलख

वीरगंज १० चईत,
कोरोना भाइरस संक्रमण के डर के समय मे भी पर्सा के कुछ स्थानीय तहसब नेपाल सरकार के निर्देशन के अवहेलना कर रहल बाडन ।
बहुते जरुरी काम बाहेक के सभी कामसब बन्द करेके सरकार के निर्देशन पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका, सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका लागयत के स्थानिय तहसब मनले नइखन ।
कालिकामाई गाँवपालिका आजु भेला कईला के साथे सडक चौडा करे खातिर घरसब भसकईला से गाँवकेलोग आउर समस्या मे पडल बाडन । विपत्ति के समय मे भी गाँव कार्यपालिका कार्यालय खुदसब के घर भसका के घर बिहिन बनावल गाँव के लोग दुःख जनवले बाडन ।
कोरोना के डर से जीवन बिता रहल स्थानिय मे आउर पीडा देत कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ४ प्रशुरामपुर के दर्जनो घरसब भसकवले बा । घर भसकावे के समय मे विवाद भईला पर गाँवपालिका जनप्रितिनिधि पंचायती भी बईठल रहलन ।
सरकार २५ जने से बेसी आदमी एक जगहा मे जम्मा ना होखेके निर्णय कईला पर भी पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका मे एके जगहा मे स्थानिय सरकार के प्रतिनिधिलोग के रोहवर मे बहुते संख्या मे भेला आयोजना कईल रहे ।
गाँवपालिका वार्ड नं. ४ मे निर्माण हो रहल सडक के बिषय मे भईल बिवाद मिलावे खातिर सयो के सख्या मे स्थानिय सरकार के नेता, जनप्रतिनिधि, पुलीस, सशस्त्र पुलीस लगायत के टोली जम्मा होके छलफल कईले रहलन । उ छलफल मे गाँवपालिका अध्यक्ष नथुनी प्रसाद कुशवाह सहित सभी वार्ड अध्यक्षलोग के सहभागी रहल रहे ।
जनप्रतिनिधि सहित के टोली से निर्माण हो रहल सडक के अनुगमन भी कईले बा । अनुगमन के समय मे सयो के संख्या मे स्थानियलोग एक साथ सहभागी भईल रहलन । रास्ता बनावे के बिषय मे गाँव भेला हि वार्ड नं. ४ मे बईठल रहे । कोरोना के डर के न्युनिकरण के खातिर सहजोग करेके समय मे जनप्रतिनिधीलोग हि अचेतना के पाठ आमजनता मे सिखईला पर सर्वसाधारणलोग चिन्तीत बनल बाडन ।
सडक हि बिस्तार करेके बा त एक हप्ता के खातिर कामकाज बन्द करके बाद मे कईला पर होखेके उहे वार्ड के स्थानिय रामरुप महतो कोईरी के कहनाम बा । आमजनता के चेतना देवेवाला जनप्रतिनीधीलोग हि अचेतनशिल होके अइसन काम सुरु कईला के चलते कालिकामाई गाँवपालिका सहित आरीपाछि के गाँव भी असुरक्षित हो सकेके स्थानियलोग के कहनाम बा ।
सरकार आपन आपन घर भितर रहेके कहल समय मे भी घर भसकावे के आ भेला होखेवाला कालिकामाई के काम के चौतर्फी आलोचना भी हो रहल बा । एहितरे सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका मे भी घरेलु तथा सना उद्योग कार्यालय के तालिम संचालन भईल बा ।
तालिम गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल एक भेला के बिच एतवार के दिने उदघाटन कईले रहनी । सरकार तालिम गोष्ठी मे भी रोक लगईला पर भी सखुवा प्रसौनी मे ९० दिने मोटरसाइकल मर्मत आ ब्यूटिसियन तालिमा संचालन करके बन्द के मौका के फायदा उठावत सरकारी बजेट खर्च करेमे लागल बाडन ।






