वीरगंज मे खुला मासु दोकान अनुगमन

वीरगंज ०९ चईत,

वीरगंज महानगर के सडक किनार मे खुला रुप मे करेवाला मासु बिक्री के अनुगमन सुरु कईल बा ।
महानगरपालिका के उपप्रमुख शान्ति कार्की सहित के टोली आजु मासु दोकान के अनुगमन कईले बा ।

बितल फागुन १८ गते जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे बईठल सरोकारवाला के बईठक से मछरी मासु खुल्ला रुप मे बिक्री करे ना देवेके निर्णय कईले रहे । माछामासु व्यवसायी के १५ दिन के समय देवेके आ अनुगमन करके कारबाही करेके निर्णय भईल रहे । माकिर निर्णय कईल २१ दिन के बाद मात्र बजार अनुगमन भईल बा ।

अनुगमन टोली वीरगंज के मुरली चोक, पावरहाउस चोक, छपकैया लगायत के जगहा मे अनुगमन कईले रहे । उ समय मे खुल्ला जगहा मे राख के बिक्री करत आईल अवस्था मे दु जने व्यवसायी के मासु जफत भी कईल गईल बा ।

खुल्ला जगहा मे मासु बिक्री करत आईल दु जने व्यवसायी के दोकान से खसी के ३ किलो आ मुर्गा के ५ किलो मासु जफत कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी । पहिलका दिन कारबाही से भी व्यवसायी के सचेत बनावे के खोजल बतवनी ।

“पहिलका दिन मे हमनी कारबाही से भी व्यवसायी के सचेत बनावे के खोजले बानी” कहत उ “नगर के अनेकन जगहा मे अनुगमन करके खुल्ला नाला उपर मछरी मासु बिक्री ना करेके कहल गईल बा ।

कईला पर मुद्धा चलावे के चेतावनी देहल गईल बा ।” खुल्ला मछरी मासु बिक्री कईला पर उपभोक्ता के स्वास्थ्य मे नोक्सानी पुगल कहत उपभोक्ता अधिकारकर्मीलोग विरोध जनावत आईल बाडन ।

उच्च अदालत के अस्थायी इजलास वीरगंज मछरी मासु बिक्री क व्यवस्थित करे खातिर महानगर पालिका के आदेश देहले बा । माकिर महानगरपालिका अदालत के आदेश के पालाना करे नइखे सकल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।