चोरी मुद्दा के फरार प्रतिवादी पकडाई

प्रभु यादव

बारा १० चईत,

फैसला कार्यान्वयन करावे के खातिर बारा जिल्ला अदालत से चोरी मुद्दा मे फरार रहल एक जने के बारा प्रहरी पकडले बा ।

आदालत से मिति २०७३।०२।३१ गते के फैसला आदेश से चोरी मुद्दा मे नव वर्ष कैद ठहर भईल फरार प्रतिवादी साबिक जिल्ला बारा मधुरी जब्दी वडा नं. १ हाल महागढीमाई नगरपालिका वडा नं. ११ के ४५ बरीस के प्रशुराम प्रसाद यादव के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से प्र.नि.प्रशान्त श्रेष्ठ के अगुवाई मे खटल प्रहरी टोली पकडले बा ।

पकडाई आरोपीत यादव के बारा जिल्ला अदालत मे जिमा देहला वाद कैद भुक्तान करे खातिर कारागार कार्यालय बिरगंज मे पेठावले बा । एहितरे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से गजभवानीपुर मे दारू बनावेवाला एगो भट्टी नस्ट कईले बा ।

प्र.नि.प्रशान्त श्रेष्ठ के अगुवाई मे गईल प्रहरी टोली बारा के महागढीमाई नगरपालिका वडा नं.३ गंजभवानिपुर मे अवैध घरेलु दारू बनावेवाला के खोज के भट्टी आ दारू बनावेवाला समान अन्दाजी दु हजार लि. तयारी मदिरा नष्ट कईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।