समाज परिवर्तन नेपालद्वारा मास्क, प्लाष्टिक के डोल बाँटल गईल

वीरगंज १० चईत,

बिश्व घर महामारी के रुप मे फईल रहल कोभिड १९ कोरोना भाइरस के मध्यनजर करके आजु समाज परिवर्तन नेपाल के अध्यक्ष एवम नेपाल कमनिष्ट पार्टी नेकपा के युवा नेता अकलेश साह सर्जिकल माक्स आ सेनिटाइजर बँटले बानी ।

पर्सा के बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं.१३ तेजारथ टोल के अनेकन जगहा मे प्लाष्टिक के डोल, २०० थान मास्क आ सेनिटाइजर बाँटल गईल रहे ।

एहितरे वडा प्रहरी कार्यलय श्रीपूर आ बिर्ता प्रहरी कार्यलय मे आवेवाला सेवाग्राहि के हाथ धोके मात्र वडा प्रहरी कार्यलय मे जाए देवेके उदेश्य के साथ प्लास्टिक के डोल, हाथ धोवेवाला साबुन आ सेनिटाइजर उ कार्यलय मे बाँटल गईल बा ।

उ कार्जक्रम मे हीरा गिरी, कलिम अंसारी, कलेश गुप्ता, बिनोद यादव, उमेश कुशवाहा लगायत स्थानीयलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।