किसानलोग जैविक खेती करेला तइयार

प्रभु यादव

बारा ११ चईत,
बारा के फेटा गाँवपालिका के किसान सब जैविक खेती करेला तयार भईल बा । फेटा मे रहल ७ गो वार्ड से ३० जने किसान लोग जैविक विधि से खेती करेला तयार भईल कृषि प्राविधिक संजय कुशवाहा जानकारी देहले बानी ।

दिनादिन बढरहल जहर के लगागे खेती करे के प्रथा के हटावे के आ जैविक प्रविधि से खेती करेला गाँवपालिका से देहल गईल तालिम से सिक कर के तयार भईल कुशवाहा जनकारी देहनी ।

जहर के जगह मे जैविक जहर खेती मे छिट के उत्पादन बढावल जा सके के प्रशिक्षक लोग से देखावल गईल तरीका मन परा के जैविक प्रविधि से खेती करेला तयार भईल कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

किसान लोग के खेती मे लागल लागत से स्वास्थ्य मे सहयोग करे जगह विमारी लेया के थप आर्थिक खर्च के भार बढरहल भईला से जैविक युक्त जहर देके खेती करे के तयार भईल कुशवाहा जानकारी करावले बानी ।

पहिले के समय मे अस्पताल ना भईल जवना बेर स्वास्थ्य मे ओतना खरावी ना होत रहल माकिर अस्पताल के सल्लाह सुझाव सहित दवाई करावला बादो शरीर स्वास्थ ना रहल ख्याल कर के किसान लोग के निहोरा मे पाँच दिन के तालिम देहला वाद खेती करे के चहना बढल कृषि प्राविधिक कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।