सभ्य एवं मर्यादित तरिका से होली खेले खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आ बारा के निहोरा
सभ्य एवं मर्यादित तरिका से होली खेले खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आ बारा के निहोरा
वीरगंज ०८ चईत
नजिकात गईल फगुवा (होली) पर्व सभ्य तथा मर्यादिन रुपमे लेखे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आ बारा अलग–अलग सूचना निकालत निहोरा कईले बा ।
पर्सा के प्रहरी नायब उपरिक्षक एवं प्रवक्ता कुमार बिक्रम थापा आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी नायब उपरिक्षक एवं प्रवक्ता दधिराम न्यौपाने अलग–अलग सूचना निकाल के होली पर्व के सभ्य, शिष्ट, स्वास्थ्यकर आ मर्यादित तवर से मनावे खातिर निहोरा कईले बाडन । उ आत्मीय रुप मे नजिक भईल आदमी भा आफन्तलोग से मात्र होली खेले खातिर निहोरा कईल बा । एहितरे होली पर्व के नाम मे उच्छृङ्खल क्रियाकलाप ना करे÷ना करावेके, अपरिचित आदमीसब के समूह मे होली ना खेले खातिर पुलीस निहोरा कईले बा । ईच्छा विपरीत रंग, लोला, मोसो, केमिकल आ फुहर पानी ना लगावेके तथा ना बिगे खातिर निहोरा कईल बा ।
एहितरे महङ्गा गरगहना लगाके होली ना खेलेके, अपरिचित आदमी से देहल कउनो सामान ना खाएके, ट्राफिक नियम के पुर्ण रूप से पालना करेके, मादक पदार्थ तथा लागुपदार्थ सेवन करके सवारी साधन ना चलावेके, अशक्त, जनानी, लईकालईकी, जेष्ठ नागरिक तथा पर्यटकलोग के कउनो भी किसिम के दुव्र्यवहार ना करे खातिर पुलीस सभी मे निहोरा कईले बा ।
एहितरे पुलीस से जारी कईल निहोरा पत्र मे रेलिङ ना भईल छत तथा सडक मे होली ना खेलेके, ध्वनी प्रदुषण होखेवाला किसिम से मानव स्वास्थ्य मे प्रतिकुल असर पारेवाला किसिम के बेसी साउन्ड मे डिजे ना बजावेके, भिडभाड होखेवाला जगहा मे पकेटमारी तथा लुटपाट जईसन घटना बेसी होखेवाला भईला से सावधान रहेके कहल गईल बा ।
कउनो भी आपराधिक गतिविधी होखे लागल भा होखेके जानकारी भईला पर तत्काल नेपाल पुलीस के हटलाईन नं. १०० भा लगेके पुलीस कार्यालयसब मे सम्पर्क करे खातिर पुलीस निहोरा कईले बा । नियम विपरित काम करे÷करावेवाला जे केहु के भी कानुन बमोजिम कारवाही करेके पत्रमार्फत चेतावनी भी देहल
गईल बा ।