बारा मे सरकार के निर्णय उलघंन करेवाला दु सय पाच गाडी पकडल

प्रभु यादव
चईत १२
कोभिड १९ भाइरस के जोखिम कम करेला नेपाल सरकार से विशेष आदेश जारी भईल बा अा जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा से निषेधाज्ञा समेत जारी कईल गईल बा । निषेधाज्ञा कार्यान्वयन ना करेवाला बारा जिल्ला भितर रहल दवाई दुकान , खाद्यान्न लगायत अति आवश्यक समान बाहेक के दुकान , हाट बजार आ आदमी सब गाडी सब के आवतजावत मे पूर्ण रोक लगावले बा ।
जारी कईल गईल निषेधाज्ञा अवज्ञा करेवाला पहिलका दिन मगर के दिन ट्रिपर ३ गो , ट्रक ९ गो , ट्र्याक्टर २० गो , जीप ५ गो , बोलेरो ६ गो , स्कर्पियो २ गो एआ मोसाईकल सय ६० गो कर के जम्मा दु सय पाच गो गाडी के प्रहरीद्वारा नियन्त्रण मे लेहल गईल रहे प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
नियन्त्रण लेहल गाडी सब आवश्यक कारवाही कर के सम्झा बुझा के साझ के देहल गईल बा प्रवक्ता मिश्रा जनकारी देहले बानी । अउर कवनो अप्रिय घटना ना घटल , स्थिति सामान्य रहल मिश्र जनकारी देहले बानी ।




