डिभिजन बन कार्यालय पर्सा आ सव डिभिजन मधुवन मथवल के मिलीभगत खुलेयाम तस्करी

वीरगंज १२ चईत,

डिभिजन बन कार्यालय पर्सा आ सव डिभिजन वन कार्यालय मधुवन मथवल के मिलीभगत मे खुलेयाम तस्करी हो रहल जनावल गईल बा ।
कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण फईले ना देवे खातिर सरकार साताव्यापी ‘लकडाउन’ कईले बा । ल

के बावजुद भी सव डिभिजन वन कार्यालय मधुवन मथवल से खुलेयाम जंगल से लकडी आ बाबु चोरी निकासी हो रहल स्थानियाबसी बतवले बाडन ।

करजनिया नदी से बालुवा लोड कईल अबैध चार गो टेक्टर सहायक वन अधिकृत शशिकान्त तिवारी पकड के भी मोटकस रोपेया लेके छोडल गईल समाचार स्रोत बतवले बा ।

नदी से ना ५ त ५६०८, ना३त ९३६९, ना ५ त ३५८, ना ७ त ३२३२ नम्बर के बालु लोड कईल ट्यांकर सहायक वन अधिकृत तिवारी से पकडला के बाद बहुते देर बार्गेनिङ्ग भईला के बाद ८५ हजार नगद लेके ट्याकटर छोडल गईल समाचार स्रोत जनवले बा ।

पईसा के लेनदेन भईला के बाद ट्यांकर छोडेके समय मे फर्जी कागजपत्र तइयार करके छोडल गईल बा । ट्यांकर के जिम्मा सव डिभिजन वन कार्यालय के नर्सरी के हेरालु महेश के नाम से कागज बनाके छोडल गईल बा ।

अइसे विश्व मे महामारी फईल रहल समय मे डिभिजन बन कार्यालय पर्सा आ सव डिभिजन वन कार्यालय मधुवन मथवल के मिली भगत मे खुलेयाम तस्करी हो रहला पर भी सम्बन्धित निकाय के ध्यान पुगे नइखे सकल ।

उ सम्बन्ध मे डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के प्रमुख राजेन्द्र मान श्रेष्ठ से पुछला पर तिवारी के स्पष्टीकरण हमनी पुछले बानी । ई घटना के अनुसन्धान के जिम्मा फरमान मियाँ के देहल गईल गैरजिम्मेवारीपूर्ण प्रतिक्रिया देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।