पर्सा आ बारा मे लकडाउन अवज्ञा करेवाला १९ जने पकडईलें

वीरगंज १३ चईत,

पर्सा आ बारा के अनेकन जगहा से पुलीस लकडाउन के अवज्ञा करके चलेवाला १९ जने के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

पुलीस के मुताविक बियफे के दिने पर्सा से ३ जने आ बारा से १६ जने के नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।

बारा से नियन्त्रण मे लेहल १६ जने के १÷१ सय रोपेया जरिवाना लेके छोडल गईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा जनवले बा । उलोग के संक्रामक रोग ऐन २०२० के दफा ३ मुताविक जनही १ सय रोपेया जरिवाना करके छोडल गईल पुलीस के कहनाम बा ।

लकडाउन के अवज्ञा करके सञ्चालित ५१ गो मोटरसाइकल, २ ट्रक, एगो ट्रेक्टर नियन्त्रण मे लेके जरिवाना लेके छोडल गईल बारा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

एहितरे पर्सा मे लकडाउन उलंघन करेवाला ३ जने पकडाईल बाडन । २४ गो मोटरसाइकल आ एगो ट्रक नियन्त्रण मे लेहल गईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी वीरेन्द्र शाही बतवनी ।

एहितरे राजपा वीरगंज महानगर कमिटी के अध्यक्ष ओमप्रकाश सर्राफ दलित बस्ती मे मास्क तथा साबुन बँटले बानी । दलित बस्ती मे कोरोना भाइरस संक्रमण के जोखिम न्यूनीकरण करे खातिर मास्क आ साबुन बँटले बानी ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं १५ आ १६ मे रहल दलितबस्ती मे कोरोना भाइरस सम्बन्धी जानकारी करईला के साथे मास्क आ साबुन बाँटल गईल अध्यक्ष सर्राफ बतवनी ।

नगवा के दखिन टोला, माईधीया पोखरा, रामटोल, गहवा, छपकैया लगायत के जगहा के सीमान्तकृत दलित समुदाय मे मास्क आ साबुन वितरण कईल उ जानकारी देहनी ।

एहितरे वीरगंज मे लकडाउन के अवज्ञा करके बाहर निकलेवाला के संख्या बेसी देखल गईल बा ।

पहिलका आ दुसरका दिन के बराबरी मे तिसरका दिन कम आदमी निकलला पर भी अनावश्यक काम मे बाहर निकलेके क्रम पूर्ण रुप मे रुकल नइखे ।

नोवेल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण होखे आ फईले ना देवे खातिर सरकार नागरिक के खातिर लकडाउन कईल कहके नगरबासी मे जनचेतना ना भईला पर आदमीसब काम होखे ना देवहला पर भी घर बाहर निकल रहल बाडन ।

वीरगंज आदर्शनगरस्थित ग्रिन सिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र, सामुदायिक प्रहरी सेवा केन्द्र ओईसन आदमीसब के नयाँ तरिका से कारबाही सुरु कईले बा ।

उलोग के “हम काम ना होके भी घर बाहर जाएम”, “हम काम ना होके भी मोटरसाइकल मे बाहर जाएम” लिखल प्ले कार्ड देत फोटो खिच के घर पठवले बा ।

सबेरे १० जने के ओईसे कारबाही कईल ग्रिन सिटी सामुदायिक केन्द्र जनवले बा । लकडाउन के उल्लंघन करके जरुरत ना भईला पर भी सडक मे निकलेवाला के सचेत करे खातिर अईसन अभियान सुरु कईल जनावल गईल बा ।

लकडाउन के उल्लंघन करेवाला के सम्झावबुझाव कईला पर ना भईला के बाद अईसन उपाय लगावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के डीएसपी गौतम थापा बतवनी । आम सर्वसाधरण लक डाउन आपन खातिर ह कहके ना बुझला से समस्या हो रहल उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।